Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

487
  1. बिहार: हाशिया पs गइला के सवाल पs भड़कले आरसीपी सिंह, जनता दल यूनाइटेड के पूर्व राष्ट्रीय अध्यक्ष आरसीपी सिंह अपना विरोधियन पs हमला करत कहले केहू उनका के हाशिया पs नइखे डाल सकत।
  2. बिहार: हाईकोर्ट के आदेश पs पटना में सात घण्टा चलल बुलडोजर, जक्कनपुर इलाका में 32 खटाल ध्वस्त। पटना नगर निगम के नूतन राजधानी अंचल आ कंकड़बाग अंचल कावर से संयुक्त अभियान में सरकारी आ निजी जमीन पs बनल 32 खटालन के कइल गइल ध्वस्त।
  3. उत्तर प्रदेश: चौधरी हरमोहन सिंह यादव के पुण्यतिथि के कार्यक्रम में वर्चुअली पीएम नरेंद्र मोदी बोलले- उनका काम के इयाद राखी कइयन गो पीढ़ी। एह कार्यक्रम में पहिले पीएम मोदी खुद आवे आला रहले बाकिर राष्ट्रपति के शपथ ग्रहण समारोह के चलते टल गइल रहे कार्यक्रम।
  4. उत्तर प्रदेश: कन्नौज में अखिलेश यादव के तंज, कहले जनता के हित के बजाय अपना ला काम कर रहल बिया यूपी सरकार। सपा सरकार में बनल केंसर असप्ताल के ना सुरु भइला के लेके सरकार पs बोलले हमला।
  5. झारखंड: रांची MGM के मेडिकल सुपरिटेंडेंट डॉ० अरुण कुमार संस्पेंड, स्वास्थ मंत्री बन्ना गुप्ता देले आदेश। नेपाल हाउस में समीक्षा करत स्वास्थ मंत्री बन्ना गुप्ता देले आदेश।
  6. देश के 15 वां राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू के भइल शपथ ग्रहण: पहिला आदिवासी आ दूसरकी महिला राष्ट्रपति बनली, यशवंत सिन्हा के हरा के जीतले रहली राष्ट्रपति के चुनाव।
  7. 100 करोड़ में राज्यसभा सीट दियावे आला गैंग पकड़ाइल: महाराष्ट्र में विधायक के मंत्री बनावे के दिहल गइल रहे ऑफर, चार अरेस्ट।
  8. नितिन गडकरी बोलले: मन करत बा राजनीति छोड़ दीं: कहले- गांधी के समय पॉलिटिक्स विकास खातिर होत रहे, अब एकर मकसद खाली सत्ता हासिल कइल।
  9. ओलंपिक मेडलिस्ट बोलली, हैरसमेंट हो रहल बा: बॉक्सर लवलीना कहली- जवन कोच मेडल दियावे ला लो, ओह लो के हटा दिहल जाला।
  10. शास्त्री खोलले वर्ल्ड कप में मिलल हार के राज: बोलले- पंड्या के कमी खलल, हम टॉप-6 में अइसन खिलाड़ी चाहत रही जे बोलिंग कर सको।
299990cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.