[the_ad_group id="30365"]

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: गया मगध मेडिकल अस्पताल में बुजुर्ग के शव के होंठ आ नाख खा गइले सs चुहा, नवादा के मरीज के करावल गइल रहे भर्ती। अस्पताल में केहू एह घटना में अस्पताल में केहू अफसोस तक नइखे जाहिर करत, सभे अपना के क्लीन चिट देवे में बा लागल।
  2. बिहार: पटना विश्वविद्यालय में बिहान से होई कॉउंसिलिंग, ओरिजनल डॉक्युमट्स आ ओकर फोटो कॉपी के साथे पहुंचे के होई। बुध के सबरे 10:30 से साँझ के 5 बजे ले कॉउंसिलिंग के मेरिट लिस्ट के मोताबिक प्रक्रिया के सुरुआत होई।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी सरकार के बड़ योजना, गांवन के आबादी क्षेत्र के सम्पतियन के हो सकी बंटवारा; बनावल जा रहल बा कानून।
  4. उत्तर प्रदेश: मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ पशुपालन विभाग में दवा आ सामग्री के धंधलियन के लेके देले रहस उच्च स्तरीय जांच के आदेश, 14 दिन के बादो ना मिलल रिपोर्ट।
  5. झारखंड: जेल जइहें कि रिमांड पs रहिहे मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन के खास पंकज मिश्रा, कोर्ट में फसिला मंगर के, पूछताछ कs रहल बा ईडी।
  6. घोटाला में अरेस्ट मंत्री पार्थ चटर्जी पs बोलली ममता- गलती कइले बाड़े तs साथ ना देम।
  7. नितिन गडकरी बोलले: अब राजनीति के मकसद खाली सत्ता, मन करत बा छोड़ दी।
  8. विक्की कौशल- कटरीना के जान से मारे के धमकी, स्ट्रगलिंग एक्टर मनविंदर सिंह गिरफ्तार।
  9. ओलम्पिक पदक विजेता लवलीना लगवली परेशान करे के आरोप, उनकर ट्रेनिंग कोच के बेर-बेर बदल दिहल जात बा।
  10. मास्टरकार्ड होई बीसीईसीई के नया टाइटल स्पॉन्सर: भारत में होखे वाला सब घरेलु आ अन्तराष्ट्रीय सीरीज खातिर पेटीएम के जगह लिही मास्टरकार्ड।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]