Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के बड़ खबर

402
  1. बिहार: पीएम मोदी पटना विजिट- पीएम मोदी शताब्दी स्तंभ के कइलें अनावरण, उद्यान में लगवले कल्पतरु के पवधा।
  2. बिहार: नीतीश बोलले- बिहार विधानसभा में पहिला बेर कवनो पीएम आइल बाड़े, तेजस्वी कइले कर्पूरी ठाकुर के भारत रत्न देवे के मांग।
  3. उत्तर प्रदेश: सीएम योगी देले गोरखपुर के 464 करोड़ के सौगात, बाढ़ से मिली राहत, सड़क पs बढ़ी रफ्तार।
  4. उत्तर प्रदेश: स्वास्थ विभाग में मनमाना तबादलन के होई विरोध, 14 जुलाई के होई डीजी हेल्थ के घेराव।
  5. झारखंड: झारखंड के देवघर में Baba Baidhynath के पूजा करे वाला देश के पहिला पीएम होखे के रिकॉर्ड बनवले नरेंद्र मोदी। 1952 में राष्ट्रपति राजेन्द्र प्रसाद कइले रहस पूजा-अर्चना।
  6. भाजपा के साथे अइले उद्धव: शिवसेना प्रमुख राष्ट्रपति चुनाव में NDA कैंडिडेट के समर्थन करिहें; राउत बोलले- मुर्मू के सपोर्ट भाजपा के ना।
  7. गांव में लिट्टी चोखा बनावत लउकले एक्टर पंकज त्रिपाठी: बोलले- जीये के असली मजा गांव में; ‘शेरदिल’ खातिर माई-बाबुजी के लेले आशीर्वाद।
  8. श्रीलंका संकट- गोटबाया राजपक्षे इस्तीफा पs सिग्नेचर कइलें, देश से भागे के फिराक में रहलें पूर्व मंत्री बासिल राजपक्षे।
  9. 24 दिन में स्पाइसजेट में तकनीकी खराबी के 9वां घटना: नोज व्हील में आइल खराबी, दुबई-मदुरै के फ्लाइट देर से रवाना भइल।
  10. इंडिया-इंग्लैंड पहिला ODI: भारत के धमाकेदार बॉलिंग के सोझा इंग्लैंड के समर्पण, 17 ओवर के भीतर गिरल 8 गो विकेट, बुमराह के 4 आ शमी के 3 विकेट मिलल।
292510cookie-checkसाँझ के बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.