Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

404
  1. बिहार: पटना पहुंचल राष्ट्रपति उम्मीदवार द्रौपदी मुर्मू मंगली समर्थन, नीतीश कुमार बोलले- भारी बहुमत से होई जीत।
  2. बिहार: मोतिहारी में 5 लाख रुद्राक्ष से बनल 20 फीट ऊंच पंचमुखी रुद्राक्ष शिवलिंग, सोना के चढ़ल बा परत।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी दरोगा भरती- अखिलेश यादव मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के पत्र लिखके उठवले सवाल, कइलें उच्चस्तरीय जांच के मांग।
  4. उत्तर प्रदेश: स्वास्थ विभाग- उप मुख्यमंत्री के पते ना चलल आ सचिव कs देले तबादला, अब दुनों आमने-सामने।
  5. झारखंड: मुस्लिम बोलले, स्कूल में हमनी के संख्या 75 प्रतिशत, प्राथना सभा हमनी के हिसाब से होई… सरकार बोलल, ना चली केहू के मनमानी।
  6. IT कानून के खिलाफ कोर्ट जा सकत बिया ट्विटर, सरकार कहले रहे- कंपनी के आदेश मानही के पड़ी।
  7. कर्नाटक में वास्तु एक्सपर्ट के हत्या: हुबली के होटल में दु लोग पहिले गोड़ छुवल, फेर ताबड़तोड़ चाकू मारके जान लिहल।
  8. स्पाइसजेट के विमान के पाकिस्तान में इमरजेंसी लैंडिंग: दिल्ली से दुबई जा रहल फ्लाइट के इंडिकेटर में खराबी, फ्यूल टैंक लीक होखे के दावा।
  9. नूपुर शर्मा पs SC के टिप्पणी से पूर्व जज-ब्यूरोक्रेटस खफा: बोलल लो- सुप्रीम कोर्ट लक्ष्मण रेखा रखलस, अइसे दुर्भाग्यपूर्ण कमेंट ज्यूडिशियरी पs धब्बा।
  10. इंग्लैंड के खिलाफ भारत के शर्मनाक हार: पांचवा टेस्ट में 7 विकेट से अंग्रेज टीम से मिलल हार, 350+ के टारगेट देके पहिला बेर हारल टीम इंडिया।
287200cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.