[the_ad_group id="30365"]

रामपुर पहुंचल आजम खान के छलकल दरद, कहले – का सब केस हमनीये पs होई? 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सपा नेता आजम खान मंगर का दिने डूंगरपुर आ यतिमखाना ममिला में रामपुर कोर्ट पहुंचले। एह दौरान मीडिया से बात करत आजम खान कहले- कुछ सरकारी लोगन के खिलाफो भी केस होखे के चाहीं। का सब केस हमनीये पs होई? का सभ मामला खाली विपक्ष के लोगन के खिलाफ दर्ज होई? धेयान देवे आला बात बा कि ईडी एक बेर फेरू आजम खान के नोटिस जारी कइले बा। ईडी आजम खान आ उनुकर बेटा अब्दुल्ला आजम खान आउर उनकर पत्नी तंजीम फातिमा के खिलाफ नोटिस जारी कs पूछताछ खाती बोलवले बा। ईडी दुनु जने के अलग-अलग पूछताछ खातिर बोलवले बा। डूंगरपुर आ यतिमखाना ममिला में 12-13 गो मामिला दर्ज बा जवना पs सुनवाई हो रहल बा।

जौहर विश्वविद्यालय के ममिला में ईडी आजम खान के बेटा अब्दुल्ला आजम खान आउर उनकर पत्नी तंजीम फातिमा से 15 जुलाई से पहिले ईडी के सोझा पेश होखे के कहले बा। दुनो लोग के अलग-अलग तारीख पs पूछताछ खाती आवे के आदेश ईडी देले बा। जोहर विश्वविद्यालय के ममिला में धन के हस्तांतरण के मामला में ईडी दुनो लोग से पूछताछ करत बाटे।

धेयान देवे आला बात बा कि हाले में सुप्रीम कोर्ट से जमानत मिलला के बाद आजम खान जेल से बाहर निकलल बाड़े। आजम खान के खिलाफ 89 ममिला दर्ज बा, जवना में से 88 ममिलन में उनुका जमानत मिलल बा। साल 2017 में योगी सरकार बनला के बाद उत्तर प्रदेश में आजम खान के खिलाफ शिकंजा कसे के काम सुरू हो गइल। आजम खान पछिला विधानसभा चुनावो जेल से जीतले रहले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]