Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

510
  1. बिहार: बिहार में बिना नीतीश कुमार के एनडीए के कल्पनो नइखे कइल जा सकत- उपेंद्र कुशवाहा। एनडीए इज नीतीश कुमार एंड नीतीश कुमार इज एनडीए।
  2. बिहार: छपरा में अवैध खनन पs बड़ कारवाई, 39 लोग गिरफ्तार, 11 ट्रक आ 6 बाइक जब्त।
  3. उत्तर प्रदेश: आईपीएस ट्रांसफर- यूपी में 21 आईपीएस अफसरन के तबादला, कइयन गो जिला के पुलिस अधीक्षक बदलल लो।
  4. उत्तर प्रदेश: अपना दल नेता पल्लवी पटेल आ कृष्णा पटेल के हिरासत में लिहल गइल, प्रेस कॉन्फ्रेंस कs के लगवले रहे लो गंभीर आरोप।
  5. झारखंड: सोलर प्लांट पs 80 प्रतिशत सब्सिडी, हेमंत सोरेन के बड़ पहल… पांच जुलाई के लॉन्च होई योजना।
  6. नूपुर शर्मा के समर्थन पs अमरावती में टारगेट किलिंग: उदयपुर से 740 किमी दूर कन्हैया जइसन वारदात, सीसीटीवी फुटेज में दिखल आरोपी।
  7. कार्यकाल खतम होखला के बाद मिली राष्ट्रपति कोविंद के सबसे विवादित बंगला: चिराग पासवान के छोड़े के पड़ल रहे, सोनिया गांधी के पड़ोसी होइहें।
  8. जुबैर के मिलल पाकिस्तान आ सीरिया से फंडिंग: ऑल्ट न्यूज के को-फाउंडर सबुतन के मिटवले, कोर्ट में दिल्ली पुलिस के हलफनामा।
  9. पाकिस्तान में वाईफाई पs ईशनिंदा के आरोप: लोग जमके मचवलस तोड़फोड़, सैमसंग के 27 कर्मचारी हिरासत में।
  10. पांचवा टेस्ट: बल्लेबाजी के बाद गेंदबाजी में चमकले बुमराह, दुनो ओपनर्स के भेजले पवेलियन, बारिश के कारण रुकल मैच।

 

285300cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.