[the_ad_group id="30365"]

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: पटना में सबेरे-सबरे 70 मकान गिरावे पहुंचल 14 बुलडोजर, नेपालीनगर में 2 हजार पुलिस फोर्स। अवैध कब्जा के लेके बो रहल बा कारवाई।
  2. बिहार: मगध यूनिवर्सिटी के पूर्व वाइस चांसलर  राजेन्द्र प्रसाद के खिलाफ गिरफ्तारी वारंट, 20 करोड़ के घोटाला के आरोप।
  3. उत्तर प्रदेश: अग्निपथ योजना- 420 रुपिया के चेक मोदी सरकार के भेजी लो आप के नवहा, संजय सिंह बोलले- अग्निपथ योजना के खिलाफ करिहें आंदोलन।
  4. उत्तर प्रदेश: 21 आईपीएस अफसरन के तबादला- बदलल गइले प्रयागराज, गोंडा, सहारनपुर, अयोध्या, मथुरा आ मुजफ्फरनगर के एसपी।
  5. झारखंड: पीएम मोदी के देवघर दौरा 12 जुलाई के, 12 गो योजनन के करिहें उद्घाटन-शिलान्यास, वैधनाथ से बाबा विश्वनाथ तक चली गतिमान एक्सप्रेस।
  6. प्रधानमंत्री के आगवानी करे ना पहुंचले तेलंगाना के मुख्यमंत्री के. चंद्रशेखर राव। विपक्ष के राष्ट्रपति उम्मीदवार यशवंत सिंहा के कुछे घण्टा पहिले कइले रहस जोरदार स्वागत।
  7. उदयपुर के तरे अमरावती में दवा कारोबारी के हत्या। दुकान दे लवटत घरी 21 जून के गर रेत के भइल रहे हत्या।
  8.  ताजमहल के तहखाना में हिन्दू देवी देवता के मूर्ति नइखे, भारतीय पुरातत्व विभाग के RTI के तहत दिहल जानकारी में मूर्ति होखला से इनकार।
  9. दिल्ली से जबलपुर जा रहल स्पाइसजेट विमान के इमरजेंसी लैंडिंग।
  10. भारत-इंग्लैंड टेस्ट के दूसरा दिने चमकले बुमराह, एक ओवर में सबसे जादे रन बनावे के रिकॉर्ड अब बुमराह के नावे। भारत के मैच पs पकड़ मजबूत।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]