Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

433
  1. बिहार: एके 47 ममिला में बिहार के बाहुबली नेता आ मोकामा विधायक अंनत सिंह के 10 साल के सजा, विधायकी जाये के खतरा।
  2. बिहार: बिहार में जातीय जनगणना के प्रक्रिया सुरु, शिक्षक से लेके जीविका दीदी तक करी लो गिनती।
  3. उत्तर प्रदेश: रामपुर, आजमगढ़ ना गइले अखिलेश यादव, लोकसभा उपचुनाव के प्रचार खतम; वोटिंग 23 जून के।
  4. उत्तर प्रदेश: आजम खान पs तंज कसत CM योगी बोलले, जब जेल में रहले तs जन्नत बतावस, रिहा भइले तs नरक बतावे लगले।
  5. झारखंड: कोल बोर्ड सोसायटी में नव लाख के फरजी निकासी, अल्पमत में चल रहल कमेटी कर्मचारियन के करवलस भुगतान।
  6. छत्तीसगढ़-ओडिशा बॉर्डर पs नक्सली हमला में CRPF के 3 जवान शहीद, कइयन के घायल होखे के खबर।
  7. सकंट में उद्धव सरकार,: उद्धव शिंदे के लगे मिलिंद नार्वेकर के भेजले, एक घण्टा चलल मीटिंग, फेर बागी विद्यायकन से मिलके निकलले।
  8. राहुल गांधी से ED के पूछताछ आ कांग्रेस के प्रदर्शन: महिला कांग्रेस अध्यक्ष नेटा डिसूजा पुलिसकर्मियन पs थुकली, अलका लांबा फुट-फुट के रोवली।
  9. ब्रिटेन में 30 साल के सबसे बड़ रेल हड़ताल: वेतन आ नौकरी के सिक्योरिटी ना मिलला से 40 हजार कर्मचारियन के काम कइला से इनकार।
  10. क्रिकेट: इंग्लैंडो में हार्दिक होइहे कप्तान? रोहित-विराट के टी-20 सीरीज से पहिले खाली एक दिन के आराम, प्रैक्टिस मैच खेली पंड्या के टीम। टीम के अधिकारिक घोषणा बा बाकी।
278870cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.