[the_ad_group id="30365"]

छत्तीसगढ़-उड़ीसा बॉर्डर पs CRPF 19 बटालियन के ROP पार्टी पs बड़ नक्सली हमला, 3 जवान शहीद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छत्तीसगढ़-उड़ीसा बॉर्डर पsसीआरपीएफ टीम के ऊपर एगो बड़ नक्सली हमला भइल बा। एह हमला में तीन जवान शहीद हो गइल बा लो। जानकारी के मोताबिक ई हमला सीआरपीएफ-19 बटालियन के आरओपी पार्टी के ऊपर कइल गइल बा। हमला में कइयन गो जवानन के घायलो होखे के खबर सामने आ रहल बा।

सड़क बना रहल लोगन के देवे जात रहे लो सुरक्षा

बतावल जा रहल बा कि ई हमला उड़ीसा के नौपाड़ा जिला में भइल बा। नक्सलियन द्वारा एह हमला के ओह वक्त अंजाम दिहल गइल। जब सीआरपीएफ जवान सड़क बनावे के काम में लागल लोगन के सुरक्षा देवे खातिर निकलल रहे लो। एही दौरान नक्सली घात लगाके सुरक्षा जवानन के ऊपर हमला कs देले। सीआरपीएफ से मिलल सूचना के मोताबिक जवानन के ऊपर ई हमला दुपहर करीब 2.30 बजे भइल।

एह हमला में शहीद भइल सीआरपीएफ जवानन के  पहचान हो गइल बा। सीआरपीएफ के मोताबिक जवानन के पहचान असिस्टेंट सब इंस्पेक्टर (एएसआई) शिशुपाल सिंह, एएसआई शिवलाल आ कांस्टेबल धर्मेंद्र कुमार सिंह के रूप में भइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]