[the_ad_group id="30365"]

सांझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: बीजेपी महामंत्री विजय कुमार सिंह के पटना में मौत; विधानसभा घेराव में भइल रहे लाठीचार्ज, परिवार बोलल- पार्टी खातिर जान दे देलें। वाई सिक्योरिटी के मवजूदगी में बीजेपी सांसद जनार्दन सिंह सिग्रीवाल के पीटल गइल।
  2. बिहार: खाता खोले गइल एसएसबी जवान, ओकर मां के पीटल गइल… एसएसआई, कांस्टेबल सस्पेंड; भोजपुर के एसबीआई बैंक में रूटिन जांच में पहुंचल रहे पुलिस; पासबुक के लेके भइल बहस।
  3. उत्तर प्रदेश: मजदूर के नंबर पs व्हाट्सएप चलावत रहे एजेंट अंजली; अजमेर के अकाउंट से 50 खातन में ट्रांसफर भइल पईसा, वित्त मंत्रालय के कर्मियो के एही खाता से भेजल गइल। पुलिस जानल चाहत बिया एह खातन में पईसा भेजला के मोटिव।
  4. उत्तर प्रदेश: PCS ज्योति मौर्य बोलली- आलोक झूठ बोलके बियाह कइलें: जदि हम मनीष के संगे जिंदगी में आगे बढ़ल चाहत बानी तs एमे बुराई का बा?
  5. झारखंड: झारखंड के डिग्री कॉलेजन में एडमिशन के आदेस जारी; सीएम के अनुमति के बाद विभाग के आदेस जारी करे में लाग गइल 14 दिन, अब सुरु होई प्रक्रिया। विभाग आ जैक के बीच भइल रहे बैठक।
  6. दिल्ली में यमुना खतरा के निशान से तीन मीटर ऊपर: 3 वाटर ट्रीटमेंट प्लांट बंद, पीये के पानी के संकट; भारी वाहनन के एंट्री पs रोक।
  7. सीमा के पाकिस्तान भेजs, ना तs 26/11 जइसन हमला होई: मुंबई पुलिस के कॉल आइल; आतंकी संगठनों दे चुकल बा धमकी।
  8. चंद्रयान-3 के लॉन्चिंग खातिर काउंटडन सुरू: बाहुबली रॉकेट से बिहान दुपहरिया 2:35 बजे भेजल जाई, ISRO वैज्ञानिक मॉडल लेके तिरुपति में पूजा कइल लो। चांद पs राष्ट्रध्वज लगावे वाला चउथा देस बनी भारत।
  9. फ्रांस पहुंचलें मोदी: रेड कार्पेट, गार्ड ऑफ ऑनर के संगे स्वागत; होटल के बाहर लागल भारत माता के जय के नारा। भारत-फ्रांस स्ट्रेटिजिक पार्टनरशिप के 25 साल पूरा। राष्ट्रपति मैक्रों होस्ट करिहें प्राइवेट डिनर।
  10. भारत-वेस्टइंडीज टेस्ट के दूसरा दिन: भारत पहिला पारी में बिना विकेट गंववले बनवले बा 80 रन, वेस्टइंडीज से 70 रन पीछे। वेस्टइंडीज भइल रहे 150 रन पs ढेर, अश्विन के मिलल 5 विकेट।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]