[the_ad_group id="30365"]

पटना में भाजपा कार्यकर्ता लोगन पs लाठीचार्ज: BJP सांसद के घेरके पीटलस, सुशील मोदी के दावा- पुलिस के पिटाई से जहानाबाद महामंत्री के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सरकार के खिलाफ बिहार विधानसभा मार्च कs रहल बीजेपी नेता लोगन आ कार्यकर्ता लोगन पs पुलिस लाठीचार्ज कs देलस। पुलिस पिटाई में कइयन नेता आ कार्यकर्ता घायल हो गइल लो। पिटाई से जहानाबाद के जिला महामंत्री विजय सिंह के मौत हो गइल। पूर्व डिप्टी सीएम सुशील मोदी ट्वीट कs के एकर जानकारी देलें बाड़ें। हालांकि पुलिस एकर पुष्टि नइखे कइल गइल।

डाकबंगला चौराहा पs पुलिस बीजेपी कार्यकर्ता लोगन के रोके के कोसिस कइलस। जब ऊ लोग ना मानल तs पहिले वाटर कैनन से पानी के बौछार कइल। आंसू गैस के गोला छोड़ल। फेर दउरा-दउरा के पीटलस। बीजेपी कार्यकर्ता पत्थरबाजी कइल लो। पुलिस पs मिर्ची स्प्रे से हमला कइल गइल।

पुलिस महाराजगंज सांसद जनार्दन सिग्रीवाल के लाठी से पीटलस आ धक्का देलस। एमे ऊ घायल हो गइलें। उनका माथा आ चेहरा पs चोट आइल बा। प्रदर्शन में सामिल भाजपा बिहार प्रदेशाध्यक्ष सम्राट चौधरी आ पुलिस के बीच धक्कामुक्की भइल। विधानसभा संयोजक डॉ. संजय मिश्रा के कुर्ता फाड़के पीटा गइल। ऊ कहलें कि महिला लोगन तक के पुलिस ना छोड़लस।

पुलिस सम्राट चौधरी समेत कइयन नेता लोगन के हिरासत में ले लिहल। सब केहू के बस में भरके ले गइल।

अपडेट्स 

लाठीचार्ज पs आरजेडी एमएलसी सुनील कुमार सिंह कहलें कि टिकट कंफर्म करवावे खातिरो हो सकत बा, बीजेपी नेता खुद के पिटववले होखे लो। ऊ कि प्रशासन के जबरन उत्तेजित कीजिएगा तs इहे हाल होई।

जेडीयू एमएलसी नीरज कुमार कहलें कि कानून के पालन तs करिहें के होई। डाक बंगला के क्षेत्र प्रतिबंधित बा।कानून के सम्मान करे के चाहीं।

बीजेपी के राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्‌डा ट्वीट कs के कहलें, भाजपा कार्यकर्तन पs पटना में भइल लाठीचार्ज राज्य सरकार के विफलता आ बौखलाहट के नतीजा बा। महागठबंधन के सरकार भ्रष्टाचार के किला के बचावे खातिर लोकतंत्र पs हमला कs रहल बिया। जवना व्यक्ति परs चार्जशीट भइल बा, ओकरा के बचावे खातिर बिहार के मुख्यमंत्री आपन नैतिकता तक भूल गइल बाड़ें।

नेता प्रतिपक्ष विजय सिन्हा कहलें कि हमनी के शांतिपूर्ण प्रदर्शन पर पुलिस लाठीचार्ज कइलस। हमनी के खदेड़ल जा रहल बा।

एग्जीक्यूटिव मजिस्ट्रेट शशिभूषण कुमार आ सिपाही पवन पs पत्थर आ मरिचा पाउडर फेंकल गइल बा।

बीजेपी विधायक नीरज कुमार कहलें कि नीतीश कुमार लोकतंत्र के हत्या करवा रहल बाड़ें। लाठीचार्ज की जा रही है, लेकिन हम डरने वाले नहीं हैं।

बीजेपी के प्रदर्शन के रोके खातिर गांधी मैदान से आईटी गोलबंर तक 40 मजिस्ट्रेट के तैनाती कइल गइल रहे। गांधी मैदान, डाक बंगला चौराहा, इनकम टैक्स गोलंबर, भाजपा ऑफिस के लगे, आर ब्लॉक आ विधानसभा के लगे सुरक्षा के कड़ा इंतजाम कइल गइल रहे। विजय कुमार सिंह के रिक्शा से अस्पताल ले जाइल गइल रहे।

माथा में लागल रहे चोट, अस्पताल में मौत

पूर्व डिप्टी सीएम सुशील मोदी बतवलें कि जहानाबाद के महामंत्री विजय कुमार सिंह के पुलिस बुरा तरे से पीटल। उनका के नर्सिंग होम में भर्ती करावल गइल। माथा में गंभीर चोट रहे। उनका के उहां से गंभीर हालत में पीएमसीएच ले जाइल गइल, जहां उनकर मौत हो गइल। सुशील मोदी कहलें कि हमनी के महिला कार्यकर्तान तक के पीटल गइल।

एने, एह ममिला पs पटना के एसएसपी राजीव मिश्रा कहलें कि छज्जूबाग में विजय कुमार सिंह बेहोश मिललें। उनका देह पs बाहरी चोट के निशान ना रहे।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]