Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

492
  1. बिहार: लालू-राबड़ी के करीबी सुनील सिंह पs भड़कलें CM नीतीश; कहलें- रउआ अमित शाह के संपर्क में बानी, बीजेपी के टिकट पs चुनाव लड़ल चाहत बानी। सीएम पs हमलावर रहलें सुनील सिंह।
  2. बिहार: 7वां क्लास के दु छात्रन के बीच मारपीट… एक के मौत; सीवान में क्लास रूम में फाइटर पंजा से माथा पs मरलस, ग्रामीण लोग प्रिंसिपल के पीटल।
  3. उत्तर प्रदेश: हेलीकॉप्टर से काशी विश्वनाथ में पहिला बेर पुष्प वर्षा; डीएम-कमिश्नर बरसावल लो फूल, 3.75 लाख भक्त लोग कइल दर्शन, 3 किमी लमहर लाइन।
  4. उत्तर प्रदेश: बाउंसर लगाके टमाटर बेचे वाला बाप-बेटा जेल भेजल गइल लो; सपा नेता फरार, संगही बाउंसरन पs FIR; अखिलेश बोललें- दूसरन के डेरावे वाला सत्ता खुद डेराइल बा।
  5. झारखंड: सावन के पहिला सोमार… बाबाधाम देवघर में बोलबम के गूंज; शिवभक्तन के 6 किमी से लमहर रहल कतार, सबेरे 4 बजे से जलाभिषेक कs रहल बा लो श्रद्धालु।
  6. बिना ID प्रूफ 2000 के नोट बदलल जात रही: RBI के फैसला के खिलाफ याचिका खारिज, SC कहलस- का सब्जी वाला आईडी प्रूफ मांगेला?
  7. यूपी के प्रतापगढ़ में सड़क हादसा, 9 के मौत: सवारियन से भरल टैंपो के टैंकर मरलस टक्कर, फेर पलट गइल, 5 के हालत गंभीर।
  8. बंगाल पंचायत चुनाव में 697 बूथन पs रिपोलिंग: मुर्शिदाबाद में 35 जिंदा बम बरामद, पूर्वी मेदनीपुर में भीड़ TMC पार्षद के पिटलस।
  9. नॉर्थ कोरिया देलस अमेरिकी विमानन के मार गिरावे के धमकी: कहलस- US भड़काऊ हरकतन से इलाका के परमाणु युद्ध के तरफ धकेल रहल बा। नॉर्थ कोरिया के लगे परमाणु पनडुब्बियन के तैनात करे जा रहल बा अमेरिका।
  10. सुनील गवास्कर कहलें- उम्मीदन पs खड़ा ना उतरलें रोहित: बतौर कप्तान टी-20 वर्ल्ड कप के बाद WTC फाइनल हरलें, हरभजन बोललें- आलोचना ठीक नइखे।
592870cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.