Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar News: यूट्यूबर के पेशी खातिर बिहार ना ले आए सकल चेन्नई पुलिस; बेतिया न्यायालय से फेर मंगलस समय

Youtuber Manish Kashyap: तमिलनाडु में बिहारी श्रमिकन पs हमला के फर्जी वीडियो शेयर करे के ममिला में मनीष कश्यप चेन्नई के मदुरई जेल में बंद बाड़े। बेतिया के मुख्य न्यायिक दंडाधिकारी के न्यायालय में आदेस के बावजूद मनीष कश्यप के पेश नइखे कइल गइल। हालांकि तमिलनाडु पुलिस कोर्ट में उपस्थित होके न्यायाधीश से कुछ दिनन के समय मंगले बिया।

426

Youtuber Manish Kashyap: यूट्यूबर मनीष कश्यप के बिहार आवे के उम्मीद पs चेन्नई पुलिस एक बेर फेर पानी फेर देले बिया। मनीष तमिलनाडु के सेंट्रल जेल मदुरई में करीब चार महीना से बंद बा। सोमार के बेतिया न्यायालय से पेशी के आदेस के बावजूद तमिलनाडु के चेन्नई पुलिस यूट्यूबर मनीष कश्यप के लेके बिहार ना पहुंचल।

अवमानना के ममिला बनावे के अनुरोध

तमिलनाडु में बिहारी श्रमिकन पs हमला के फर्जी वीडियो शेयर करे के ममिला में मनीष कश्यप चेन्नई के मदुरई जेल में बंद बाड़े। बेतिया के मुख्य न्यायिक दंडाधिकारी के न्यायालय में आदेस के बावजूद मनीष कश्यप के पेश नइखे कइल गइल। एकरा के लेके सरकारी अधिवक्ता मुख्य न्यायिक दंडाधिकारी से मदुरई पुलिस के खिलाफ अवमानना के ममिला बनावे के अनुरोध कइले बाड़े।

दु ममिलन में होखे के रहे मनीष के पेशी

यूट्यूबर मनीष कश्यप के काल्ह सोमार के दु ममिलन में बेतिया कोर्ट में पेश कइल जाये के रहे। एमे पहिला बीजेपी विधायक उमाकांत सिंह के संगे मारपीट करे आरंगदारी मांगे के ममिला आ दूसरका मझौलिया के पारस पकड़ी इस्थित भारतीय स्टेट बैंक के शाखा प्रबंधक के संगे दुर्व्यवहार करे आउर सरकारी काम में बाधा डाले के ममिला सामिल बा। एह दुनो ममिलन में न्यायालय के ओर से मनीष के पेशी करावे खातिर चेन्नई पुलिस आ मदुरई सेंट्रल कारा के निरदेसित कइल गइल रहे।

तमिलनाडु के दु पुलिसकर्मी कोर्ट से मांगल लो समय

हालांकि तमिलनाडु पुलिस कोर्ट में उपस्थित होके न्यायाधीश से कुछ दिनन के समय मंगले बिया। न्यायालय मदुरई पुलिस के आखिरी समय देत निरदेसित कइले बा कि अबकी बेर हर हाल में मनीष के पेशी करावल जाये। तमिलनाडु से आइल पुलिस अधिकारी आर भारत आ शरत बतावल लो कि न्यायालय से कुछ दिन के समय मांगल गइल बा। अगिला बेर उनका के पेशी खातिर बिहार ले आवल जाई।

29 मार्च के तमिलनाडु ले गइल रहे चेन्नई पुलिस

17 मार्च 2023 के मझौलिया पुलिस कांड संख्या 193/21 में न्यायालय से कुर्की जब्ती के आदेश प्राप्त कइले रहे। 18 मार्च के सबेरे कुर्की करे खातिर पुलिस पहुंचलो रहे। ओहि दौरान मनीष कश्यप जगदीशपुर थाना में आत्मसमर्पण कs देले रहलें, काहेकि तमिलनाडु के फर्जी वीडियो ममिला में बिहार आर्थिक अपराध इकाई के पुलिस जांच करत रहे। एकरा बाद 29 मार्च के चेन्नई पुलिस मनीष कश्यप के तमिलनाडु ले गइल। तब से यूट्यूबर मदुरई जेल में बंद बाड़ें।

593030cookie-checkBihar News: यूट्यूबर के पेशी खातिर बिहार ना ले आए सकल चेन्नई पुलिस; बेतिया न्यायालय से फेर मंगलस समय

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.