Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

395
  1. बिहार: बेटा के सीएम बनावे खातिर नीतीश के संगे लालू; मोतिहारी में कुशवाहा बोललें- एमे लेट होखला से आरजेडी बेचैन, एहिसे सीएम पs उठा रहल बिया सवाल। राजद के आगे नतमस्तक बाडें नीतीश कुमार।
  2. बिहार: दुनिया के सबसे बड़ पार्टी के नेता हमरा से डेराले; ई डर हमरा अच्छा लागेला, शिवहर में बोललें आनंद मोहन- शिकारी जाल बिछाई, फंसे के नइखे।
  3. उत्तर प्रदेश: बाबा विश्वनाथ के धाम में आज रात से लागी भक्तन के कतार, बिहान सुगम आ वीआईपी दर्शन पs रोक। पांच से सात लाख श्रद्धालुअन के आवे के उम्मीद।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी के मुख्य सचिव दुर्गा शंकर मिश्र के सख्त निरदेस, बोललें- हर जिला में पाक्सो के एक मुकदमा में हर महीना होखे सजा।
  5. झारखंड: झारखंड में फिजियोथेरेपी के डिस्टेंस पढ़ाई मान्य ना; जेएससीपीटी राज्य में अमान्य करार देलस, प्रैक्टिस खातिर रजिस्ट्रेशन अनिवार्य।
  6. मणिपुर में 45 हजार पुलिसकर्मी दु धड़न में बंटलें: कुकी आ मैतई पुलिसकर्मी अपना-अपना इलाकन में जा रहल बा लो; नया पुलिसकर्मी चीफ हालात सुधारे में लगलें। मणिपुर पुलिस के नया चीफ राजीव सिंह संभरलें जिम्मेदारी।
  7. 18 जुलाई के भाजपा NDA के मीटिंग बोलवलस: बिहार से चिराग समेत 3 दलन के नेता आई लो, NCP, अकाली आ TDP सामिल हो सकेला।
  8. बंगाल पंचायत चुनाव के दिन 16 लोग मारल गइल: BSF बोलल- हमनी के सेंसिटिव बूथ ना बतावल गइल, EC के जवाब- ई प्रशासन के जिम्मेदारी। BSF DIG बोललें- पुलिस बल पर्याप्त रहे, ओकर इस्तेमाल ना कइल गइल।
  9. श्रीलंका बोलल- भारत हमनी के खून-खराबा से बचवलस: कहलस- आर्थिक संकट में ऊ हमनी के रक्षा कइलस; एतना मदद केहू ना करे। पिछिला साल भारत कइलें रहे 4 बिलियन डॉलर के मदद।
  10. पाकिस्तान देलस वर्ल्ड कप के बॉयकाट के धमकी: खेल मंत्री बोललें- भारत एशिया कप खातिर न्यूट्रल वेन्यू पs अड़ल, हमनियो के अइसने करेम सs। भारतीय विमेंस टीम के आसान जीत: पहिला टी-20 में बांग्लादेश के 7 विकेट से हरवलस, कप्तान हरमनप्रीत के नाबाद 54 रन के अर्धशतकीय पारी।
592170cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.