[the_ad_group id="30365"]

OP Soni Arrested: पंजाब के पूर्व डिप्टी CM गिरफ्तार, भ्रष्टाचार के ममिला में पंजाब विजिलेंस कइलस कार्रवाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

विजिलेंस ब्यूरो पंजाब के पूर्व उप मुख्यमंत्री ओम प्रकाश सोनी के खिलाफ आय से अधिक संपत्ति के ममिला में जांच पूरा होखे के बाद केस दर्ज कs के अतवार के रात के उनका के गिरफ्तार कs लेलस।

विजिलेंस ब्यूरो के मोताबिक पूर्व मुख्यमंत्री साल 2016 से लेके साल 2022 तक आय से अधिक संपत्ति अर्जित कइलें। ब्यूरो के अधिकारी बतवलें कि पूर्व उपमुख्यमंत्री के एक अप्रिल 2016 से 31 मार्च 2022 तक कुल आय 4,52,18,771 रुपिया रहे, जबकि उनका ओर से 12,48,42,692 रुपिया खर्च कइल गइल। सोनी अपना आय से 7,96,23,921 रुपिया माने 176.08 प्रतिशत खर्च कइले रहस।

ऊ बतवलें कि एह दौरान सोनी अपना पत्नी सुमन सोनी आ बेटा राघव सोनी के नाम पs संपत्ति बनवलस। गौर करे वाला बात बा कि ब्यूरो पिछला कुछ समय से पूर्व उप मुख्यमंत्री ओम प्रकाश सोनी के संपत्ति के जांच करत रहें।

चंडीगढ़ से इहां पहुंचल विजिलेंस के टीम उनकर होटल आ आउर जगह पs चल रहल निर्माण के पैमाइशो कइले रहे। एह सब के जांच पूरा होखे के बाद विजिलेंस ब्यूरो अतवार के ओम प्रकाश सोनी के खिलाफ ममिला दर्ज कs लेलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]