Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

377
  1. बिहार: शिक्षा मंत्री-केके पाठक विवाद में सीएम नीतीश के एंट्री; सीएम हाउस में दुनो के संगे मुख्यमंत्री के बैठक; लालू से मिलके चंद्रशेखर बोललें- हम बड़ कि अफसर? मंत्री के आप्त सचिव के विभाग में एंट्री पs बैन।
  2. बिहार: डिप्टी सीएम तेजस्वी के खिलाफ मानहानि के ममिला; ‘ठग होले गुजराती’ विवादित बयान पs अहमदाबाद कोर्ट में 21 जुलाई के सुनवाई होई।
  3. उत्तर प्रदेश: चंद्रशेखर के हमलावारन से सहारनपुर जेल में मारपीट; दु गो बंदी रक्षक लात-घूसन से खूब पिटले सs, जेलर कइलें सस्पेंड, डीजी जेल के मिलल जांच; 28 जून के चंद्रशेखर पs भइल रहे जानलेवा हमला।
  4. उत्तर प्रदेश: गीता प्रेस के शताब्दी वर्ष समापन समारोह; राष्ट्रपति कइले रहस आगाज, समापन समारोह के पीएम बनइहें खास, शिव पुराण के विशिष्ट अंक के होई विमोचन।
  5. झारखंड: पांच दिनन तक ईडी करी कृष्णा साहा से पूछताछ; बुध के गिरफ्तारी के बाद आज स्पेशल कोर्ट में भइल पेशी, सात दिन के ईडी मंगले रहे रिमांड।
  6. चंद्रयान- 3 के लॉन्चिंग 14 जुलाई के दुपहरिया 2:35 बजे: रॉकेट पs फिट कइल गइल, लैंडिंग कामयाब रहल तs अइसन करे वाला चउथा देस होई भारत।
  7. शरद पवार बोललें- पार्टी के अध्यक्ष हम हई: उनका दावन में सच्चाई नइखे; सिंबल के मुद्दा पs चुनाव आयोग जाइल जाई।
  8. मोदी मंत्रिमंडल में जल्दी होई बदलाव: सुशील मोदी- रविशंकर प्रसाद मंत्री बन सकत बा लो; ओहि नेता के मवका मिली जेकर वोटर्स में पकड़ होई मजबूत।
  9. नेपाल के प्रधानमंत्री प्रचंड बोललें- भारतीय बिजनेस मैन हमरा के PM बनवावे के कोसिस कइलें: नेपाल के विपक्ष इस्तीफा मंगलस, कहलस- दिल्ली से चुनल प्रधानमंत्री मंजूर ना।
  10. पाकिस्तान सुपर लीग के टीम मुल्तान सुल्तानंस के मालिक कइलें सुसाइड: पाकिस्तान में बिजनेस मैन रहस आलमगीर तरीन, रिपोर्ट्स में दावा- खुद के गोली मरलें।
589320cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.