[the_ad_group id="30365"]

वंदे भारत ट्रेनन के किराया 30% तक घट सकत बा: कम दूरी वाला रूट पs यात्री कम; इंदौर-भोपाल, भोपाल-जबलपुर रूट में मात्र 29% पैसेंजर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वंदे भारत ट्रेन में यात्रा करे वाला लोगन खातिर अच्छी खबर बा। रेलवे कम दूरी आ कम यात्री वाला कुछ वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेनन के किराया घटावे पs विचार कर रहल बा।

न्यूज एजेंसी PTI के मोताबिक, छोट दूरी वालू कुछ वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेनन के सीट पूरा तरे फुल नइखे हो पा रहल। अइसन में किराया के रिव्यू कइल जा रहल बा। संभावना जतावल जा रहल बा कि 25% से 30% किराय कम हो सकत बा।

रिपोर्ट में बतावल गइल बा कि इंदौर-भोपाल, भोपाल-जबलपुर आ नागपुर-बिलासपुर एक्सप्रेस समेत आउर वंदे भारत ट्रेनन के किराया में कमी होखे के आसार बा।

जून में भोपाल-जबलपुर वंदे भारत एक्सप्रेस में खाली 29% सीट भरल

रिपोर्ट के मोताबिक, जून महीना में भोपाल-जबलपुर वंदे भारत एक्सप्रेस में खाली 29% सीट भरल रहे। ओहिजा, इंदौर-भोपाल वंदे भारत एक्सप्रेस में खाली 21% ऑक्यूपेंसी रहल। भोपाल से जबलपुर तक एसी चेयर के किराया ₹1,055 बा, जबकि एग्जीक्यूटिव चेयर कार टिकट के कीमत ₹1,880 बा।

हालांकि, वापसी में एकर किराया अलग बा। एमे एगो एसी चेयर खातिर ₹955 आ एगो एग्जीक्यूटिव चेयर कार खातिर ₹1790 के टिकट बा। एकरा अलावे इंदौर से भोपाल तक एसी चेयर के किराया ₹810 आ एग्जीक्यूटिव चेयर कार टिकट के कीमत ₹1,510 बा।

नागपुर-बिलासपुर वंदे भारत में सीट फुल नइखे हो पा रहल

नागपुर-बिलासपुर वंदे भारत एक्सप्रेस के करीब 55% सीट फुल हो पा रहल बा। नागपुर-बिलासपुर वंदे भारत एक्सप्रेस में एग्जीक्यूटिव क्लास के किराया 2,045 रुपए बा, जबकि चेयर कार के किराया 1,075 रुपिया बा।

सबसे जादे कासरगोड-त्रिवेन्द्रम वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन में यात्री सफर कs रहल बा 

देस भर में अब तक 46 वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन चलावल जा चुकल बा। टॉप ऑक्यूपेंसी वाला वंदे भारत ट्रेनन में कासरगोड से त्रिवेन्द्रम (183%), त्रिवेन्द्रम से कासरगोड (176%), गांधीनगर-मुंबई सेंट्रल (134%) सामिल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]