[the_ad_group id="30365"]

सांझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: बिहार में पुल के पिलर में फंसल बच्चा के निकालल गइल; गंभीर हालत में मौत। 25 घंटा चलल रहे रेस्क्यू ऑपरेशन, आज सबेरे बांस के मदद से खाना आ पाइप से ऑक्सीजन दिहल गइल रहे।
  2. बिहार: डिप्टी सीएम तेजस्वी के भविष्यवाणी; मध्यप्रदेश, छत्तीसगढ़ आउर राजस्थान हारी बीजेपी; ऊ लोग डेराइल बा, बौखलाहट में बयान दे रहल बा लो।
  3. उत्तर प्रदेश: लखीमपुर खीरी में सड़क हादसा दंपती समेत चार के मौत, वाहन के टक्कर से ट्रैक्टर के भइल दु टुकड़ा, एगो हिस्सा बाइक से जा टकराइल। हादसा के बाद लागल जाम।
  4. उत्तर प्रदेश: प्रयागराज में डिप्टी सीएम केशव प्रसाद मौर्य के विपक्षी दलन पs कटाक्ष, बोललें- कुंभ अभी बाकी झांकी बा; पिक्चर अभी बाकी बा।
  5. झारखंड: पलामू में एनआइए के रेड, नरेश भोक्ता हत्याकांड ममिला में कइयन लोगन के आवास पs छापा मारल गइल।
  6. मानसून केरल पहुंचल, पूरा राज्य में बरखा: कुछ घंटन में कर्नाटक-तमिलनाडु में दस्तक दी, उत्तर भारत में एक हफ्ता बाद आई।
  7. दिल्ली LG केजरीवाल के हाथ से पीछे कइलें: यूनिवर्सिटी कैंपस उद्घाटन में तनातनी; CM के भाषण में लागल मोदी-मोदी के नारा।
  8. नया पीढ़ी के बैलेस्टिक मिसाइल अग्नि प्राइम के सफल परीक्षण: दु हजार किलोमीटर रेंज, एक संगे कइयन टारगेट के तबाह कs सकेला।
  9. कनाडा के जंगलन के आग के धुंआ अमेरिका पहुंचल: 10 करोड़ लोगन खातिर प्रदूषण के अलर्ट जारी। बाइडेन आग बुझावे खातिर भेजले 600 फायरफाइटर्स।
  10. विश्व टेस्ट चैंपियनशिप फाइनल: ऑस्ट्रेलिया पहिला पारी में 469 रन पs ऑलआउट; 108 रन बनावे में गिरल आखिरी 7 विकेट, सिराज के मिलल 4 गो सफलता।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]