[the_ad_group id="30365"]

Bihar: ओवरब्रिज के पिलर आ स्लैब के बीच फंसल लईका के मौत; 29 घंटा के मशक्कत के बाद कइल गइल रहे रेस्क्यू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सोन नदी के ऊपर बनल नसरीगंज-दाऊदनगर पुल के एक नंबर पिलर आ स्लैब के बीच फंसल 11 बरिस के लईका के मौत हो गइल बा। ओकरा के करीब 29 घंटा बाद रेस्क्यू कइल गइल रहे। एकरा बाद ओकरा के इलाज खातिर सासाराम के सदर अस्पताल ले जाइल गइल, जहां चिकित्सक लोग ओकरा के मृत घोषित कs दिहल।

एकरा पहिले बुध के सांझ से सुरु भइल बचाव काम से लईका के ना निकालल जा सकल रहे। बियफे सबेरे फेर से लईका के रेस्क्यू करे के कोसिस भइल। एसडीआरएफ के टीम ऑक्सीजन सिलेंडर के संगे मवका पs पहुंचल रहे। एकरा बाद बुलडोजर के मदद से पुल के ऊपर के स्लैब के तुड़के लईका तक पहुंचे के कोसिस कइल गइल। बहुते मशक्कत के बाद NDRF के टीम लईका के रेस्क्यू कइलस, बाकिर ओकर जान ना बचावल जा सकल।

बिक्रमगंज एसडीएम उपेन्द्र पाल कहलें कि लईका के बेहतर इलाज खातिर सदर अस्पताल सासाराम भेजल गइल। लईका के सफलतापूर्वक बाहर निकाले में एनडीआरएफ आ एसडीआरएफ टीम ने अहम भूमिका निभवलस। ओहिजा थानाध्यक्ष सुधीर कुमार के कहनाम बा कि लईका दु दिन से लापता रहे। परिजनन के द्वारा ओकर खोजबीन कइल जात रहे, तबे रस्ता गुजर रहल एगो महिला ओकर रोवे के आवाज सुन के लोगन के सूचना देलीं। जवना के बाद घटनास्थल पs टीम पहुंचल आ बचाव कार्य में जुट गइल। कड़ा मशक्कत के बाद लईका के बाहर निकालल गइल।

सकुशल बाहर निकले के राह देखत रहलें लईका के पिता

जिंदगी आ मौत से लड़ रहल 11 साल के लईका खिरिआवं गांव निवासी शत्रुध्न प्रसाद उर्फ भोला के पुत्र रंजन कुमार हs। ऊ पिछला दु दिन से लापता रहे। लईका मानसिक रूप से कमजोर रहे। परिजन लगातार एने-ओने ओकर तलाश करत रहे लो। मवका पs पहुंचल ग्रामीण लोग रस्सी आ सीढ़ी के सहारे ओकरा तक पहुंचे के कोसिस कइल लेकिन ऊ असफल रहल। करीब 29 घंटा बाद जब बच्चा बाहर निकाल लिहल गइल तs पिता के आंखें भर आil। ऊ कहलें कि भगवान के शुक्र बा कि उनका लईका के बचा लिहल गइल।

रेस्क्यू टीम के संगे पदाधिकारी आ पुलिसबल रहे मवजूद

घटनास्थल पs नसरीगंज बीडीओ मो. जफ़र इमाम, सीओ अमित कुमार, थानाध्यक्ष सुधीर कुमार, समेत भारी संख्या में पुलिस बल आ ग्रामीण उपस्थित रहे लो। एसडीएम उपेंद्र पाल घटनास्थल पs पहुंचल रहस आ अधिकारियन के शीघ्र रेस्क्यू करे के निरदेस देले रहस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]