[the_ad_group id="30365"]

सांझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: जदयू के नया नारा- देस के पीएम कैसा हो… नीतीश जैसा हो… पटना में प्रधानमंत्री जइसन स्वागत; कहलें- अइसन नारा मत लगाई सभे विवाद हो जाई।
  2. बिहार:गोपालगंज में 15 अप्रिल के होई थावे महोत्सव के आगाज; हिमेश रेशमिया सहित कइयन कलाकारन के होई समागम, तइयारी पूरा।
  3. उत्तर प्रदेश: असद आ गुलाम के बॉडी प्रयागराज ले जाई पुलिस; गुलाम के मां बोलली- सिखवले रहनी कि स्कूल से पेंसिल तक मत ले अइहs, ना जाने के बहकावल, हम शव ना लेम।
  4. उत्तर प्रदेश: गाजियाबाद में तबेला के तहखाना से निकलल शराब के जखीरा; देखे में सिवरेज टैंक लागल, सिपाही खोललस तs 160 पेटी हरियाणा-चंडीगढ़ के शराब निकलल, तीन गिरफ्तार।
  5. झारखंड: झारखंड के लातेहार में सुरक्षा कर्मियन के मिलल बड़ सफलता; सीआरपीएफ आ जिला पुलिस के छापेमारी अभियान में मिलल हथियार आ कारतूस। नक्सलियन के खिलाफ जारी बा अभियान।
  6. दिल्ली शराब नीति केस में CBI केजरीवाल के नोटिस भेजलस, 16 अप्रिल के पूछताछ खातिर बोलवलस। दिल्ली के पूर्व डिप्टी सीएम मनीष सिसोदिया के एही ममिला में ED ले चुकल बिया हिरासत में।
  7. पीएम नॉर्थ-इस्ट के पहिला AIIMS देलें- बोललें- ए घरी नया बेमारी, दशकन तक देस पs राज करे वाला लोग कहेला क्रेडिट ना मिलल।
  8. भाजपा आइल तs रामनवमी के रैलियन पs हमला ना होई: बंगाल में शाह बोलले- बीजेपी दीदी के हिटलर जइसन शासन के चले ना दी। दीदी- भतीजा के जुर्म हटावे के एके रास्ता बा भाजपा।
  9. अमेरिकी सीक्रेट डॉक्यूमेंट्स लीक करे वाला सैनिक गिरफ्तार: US एयरफोर्स के कर्मचारी रहे 21 साल के जैक, FBI घर से हथियार बरामद कइलस। FBI के जैक के घर से कइयन गो गन मिलल।
  10. सऊदी अरब सबसे अमीर टी- 20 लीग सुरू कइल चाहत बा: आईपीएल मालिकन आ BCCI के सेटअप जमावे खातिर मना रहल बा। आईसीसी से लेवे के होई इजाजत।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]