[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली के तिहाड़ जेल में चाकूबाजी : बदमाश प्रिंस तेवतिया के चाकू से हत्या, 3 कैदी घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दिल्ली के तिहार जेल में चाकू मारे के घटना सोझा आईल बा। तिहार जेल नंबर 3 में प्रिंस तेवतिया नाम के कैदी के चाकू मार के हत्या क दिहल गईल। एकरा संगे चाकू से हमला में तीन कैदी घाही हो गईले। पुलिस के कहनाम बा कि घाही कैदी के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा।

दिल्ली पुलिस के टीम तिहार जेल पहुंच के जांच में जुटल बिया। पुलिस के देखरेख में कैदी के इलाज कईल जाता। गैंगस्टर प्रिंस तेवतिया दिसंबर में ही तिहार जेल पहुंचल रहले। दक्षिण दिल्ली में एकर गिरोह सक्रिय बा। एकरा पे करीब 16 मामला दर्ज बा। रोहित चौधरी गिरोह पे प्रिंस तेवतिया के हत्या के आरोप लागल बा। लाश के डीडीयू अस्पताल पहुंचावल गईल।

 

कैदियन के दू गो समूह के बीच चाकूबाजी

चाकूबाजी पांच बजे के आसपास भईल बा। जेल सूत्र के मुताबिक कवनो मुद्दा पे दुनो समूह के बीच झगड़ा भईल। एह दौरान कैदियन के समूह चाकू से हमला कइलस| जवना में प्रिंस तेवतिया पे बहुत हमला भईल। चार कैदी गंभीर रूप से घायल हो गईले। जेकरा के डीडीयू अस्पताल ले जाइल गइल, जहाँ प्रिंस तेवतिया के मृत घोषित कर दिहल गइल |

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]