Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

331
  1. बिहार: विपक्ष के एकजुट करे CM नीतीश दिल्ली पहुंचलें; लालू यादव, मल्लिकार्जुन खड़गे सहित कइयन विपक्षी नेता लोगन से करिहें मुलाकात। कांग्रेस के संगे लेके चले के कर रहल बाड़ें बात।
  2. बिहार: मनीष कश्यप ममिला में बिहार-तमिलनाडु सरकार तलब; दर्ज केस कल्ब करे के मांग पs सुप्रीम कोर्ट दुनो सरकारन के नोटिस जारी कइलस।
  3. उत्तर प्रदेश: पहिला बेर लखनऊ नगर निगम के मिली लगातार दुसरका महिला मेयर; 1700 करोड़ के बड़ बजट वाला निगम के मेयर पद पs 27 साल से बीजेपी के कब्जा।
  4. उत्तर प्रदेश: अतीक के प्रयागराज ले आ रहल प्रिजन वैन में गड़बड़ी; डूंगरपुर में काफिला रुकल, माफिया के उतारल गइल। एकरा पहिले 26 मार्च के यूपी पुलिस अतीक के प्रयागराज ले आइल रहे।
  5. झारखंड: झारखंड सचिवालय घेराव में भाजपा नेतन पs लाठीचार्ज; भाजपा नेता लोगन के पत्थरबाजी, फेंकल लो पानी के बोतल।
  6. कर्नाटक चुनाव में नाटू-नाटू के एंट्री: भारतीय जनता युवा मोर्चा ऑस्कर विनर गाना के तर्ज पs जारी कइलस मोदी-मोदी सॉन्ग। कांग्रेस 2009 में जय हो गीत के कs चुकल बिया इस्तेमाल।
  7. राहुल गांधी बोललें- चाहे जेल में डाल दs, सवाल पूछत रहेम: वायनाड में कहलें- सांसदी-घर ले छीनल गइल, पुलिस लगा दिहल गइल, हमरा फर्क ना पड़ेंला।
  8. वायरल फीवर तक से कम बेमार कर रहल बा कोरोना: 95% मरीजन में नइखे दिख रहल लक्षण; सुप्रीम कोर्ट परिसर में मास्क अनिवार्य कइल गइल।
  9. जेलेंस्की के जासूसी कर रहल बा अमेरिका: पेंटागन के लिक भइल रिपोर्ट्स में भइल खुलासा, साउथ कोरियो पs यूक्रेन के हथियार देवे के दबाव मंगलस।
  10. चेन्नई कोलकाता में विश्व कप के मैच खेलल चाहत बा पाकिस्तान: ICC के बतवलस आपन पसंद, BCCI के लेवे के बा अंतिम फैसला।
512060cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.