[the_ad_group id="30365"]

Indian Railway: गर्मी के छुट्टियन खातिर रेलवे कइलस खास इंतजाम, 217 समर स्पेशल ट्रेनन के चलावे के घोषणा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यात्रियन के सुविधा के देखते रेलवे मंगर के बड़ घोषणा कइलस, जवना से लोग अब गरमी के छुट्टियन मनावे खातिर आसानी से यात्रा कs सकत बा। रेलवे घोषणा कइले बा कि उ यात्रियन के सुविधा आ अतिरिक्त भीड़ के कम करे खातिर एह गरमी के मौसम में 217 विशेष ट्रेन चलाई जवन 4010 फेरा लगाई। रेल मंत्रालय मंगर के ई जानकारी देलस।

देसभर के प्रमुख स्थलन पs चलावल जाई ट्रेन

मंत्रालय बयान में कहलस कि विशेष रेलगाड़ियन से देस भर के प्रमुख स्थलन के रेल मार्गन से जोड़े के योजना बनावल गइल बा। जबकि दक्षिण पश्चिम रेलवे आ दक्षिण मध्य रेलवे क्रमशः सबसे जादे 69 आ 48 विशेष ट्रेनन के अधिसूचित कइले बा। ओहिजा, पश्चिम रेलवे आ दक्षिण रेलवे अइसन 40 आ 20 विशेष ट्रेनन के अधिसूचित कइले बा।

एकरा संगही, पूर्व मध्य रेलवे आ मध्य रेलवे 10-10 विशेष ट्रेनन के अधिसूचित कइले बा, जबकि उत्तर पश्चिम रेलवे 16 ट्रेनन के  अधिसूचित कइले बा।

गरमी के मौसम में बढ़ेला यात्रियन के संख्या

बता दीं कि गरमी के मौसम में आमतौर पs रेल यात्रियन के संख्या में बढ़न्ती देखल जाला, आ विशेष ट्रेनन के उद्देश्य भीड़ के कम कइल आ यात्रा के आसान बनावल बा, जवना के देखत रेलवे ई डेग उठवले बा। अइसन हर साल होत रहल बा। उद्देश्य होला महानगरन से आवागमन करे वाला लोगन के सहजता से घरे ले पहुंचावल।

अक्सर देखल गइल बा कि परब-त्योहार आ गरमी के छुट्टी के दौरान दिल्ली, मुंबई, कोलकाता, हैदराबाद आ चेन्नई जइसन महानगरन से अपना घरे आवे वाला लोगन के संख्या बढ़ जाला। एह क्रम में ट्रेनन में अतिरिक्त भीड़ बढ़ जाला।

यात्रियन के सुविधा खातिर काम कर रहल बा रेलवे

यात्रियन के सुविधा खातिर रेलवे अतिरिक्त ट्रेनन के चलावे के संगे-संगे आउरियो उपायन के प्रबंध कइले बा। सीटन पs कब्जा कइल, दलाली पs अंकुश लगावल आ आउर तरे के कदाचार के रोके खातिर सख्त डेग उठावल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]