[the_ad_group id="30365"]

सांझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: 29 साल बाद पुलिस के कैद से निकललें हनुमान; चोरन से बरामद कइला के बाद मालखाना में राखल रहे मूर्ति; 42 लाख रुपिया में जमानत दिहल गइल। महावीर मंदिर न्यास के पेशकश पs तय भइल रिहाई।
  2. बिहार: मनीष कश्यप बोललें- पुलिस पs भरोषा, नेता लोग पs ना; हम खाली मजदूरन के आवाज उठवनी, ट्रांजिट रिमांड पs तमिलनाडु पुलिस ले गइल। तमिलनाडु के 6 केस में बाड़े नामजद।
  3. उत्तर प्रदेश: अतीक के लेके आज साबरमती जेल पहुंची UP पुलिस; निकले से पहिले बढ़ल रहे BP, किडनैपिंग केस में कोर्ट उम्रकैद के सजा सुनवलस। नैनी जेल में लेवे से कs दिहल गइल रहे मना। अतीक अहमद के भाई अशरफ के बरेली जेल ले आवल गइल।
  4. उत्तर प्रदेश: भोजपुरी सिंगर समर के तलाश में मुम्बई-पटना में छापा; आकांक्षा के मोबाइल अनलॉक ना कs सकल पुलिस, कॉल डिटेल में बातचीत के सबूत मिलल। समर के मोबाइल के आखिरी लोकेशन मुंबई-पटना में।
  5. झारखंड: झारखंड के पूर्व प्रधान सचिव अरुण एक्का से लगभग 22 घंटा पुछताछ, पारिवारिक सदस्यन के खातन मे जमा पईसा के सवाल पs उलझलें पूर्व प्रधान सचिव।
  6. राहुल गांधी सदस्यता गइला के बाद पहिला बेर संसद पहुंचले: सोनिया के संगे कांग्रेस सांसदन के बैठक में सामिल भइलें, दुनो सदन 3 अप्रिल तक स्थगित।
  7. हेट स्पीच पs सुप्रीम कोर्ट वाजपेयी-नेहरू के मिसाल देलस: कहलस- इयाद करी, लोग ओह लोगन के सुने दूर-दूर से आवत रहे। जवना दिने राजनीति आ धर्म अलग हो जाई, ओहि दिन से नफराती भाषण बंद हो जाई।
  8. जयपुर सीरियल ब्लास्ट के सब आरोपी बरी: जिला कोर्ट सुनवले रहे फांसी के सजा, हाइकोर्ट फैसला पलटलस। एह बलास्ट में 71 लोगन के गइल रहे जान।
  9. बाइडेन के सलाह पs खफा नेतन्याहू: कहलें- अंदरूनी ममिलन में बाहरी दखलअंदाजी मंजूर नइखे, इजराइल के पता बा कि ओकरा का करे के बा। इजराइल के हालत पs बाइडेन जतवले रहले चिंता।
  10. धोनी के संन्यास पs बोलले रोहित: ऊ एतना फिट कि कुछ आउर साल खेल सकत बाड़े; 2 अप्रिल के RCB से आपन पहिला मैच खेली रोहित के MI। चेन्नई के कप्तान धोनी आईपीएल में 234 मैच में 4,978 रन बनवले बाड़े।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]