- बिहार: डिप्टी सीएम तेजस्वी के बेटी कात्यायनी के घर अइला पs ग्रैंड वेलकम; बुआ रोहिणी लिखली- तू जानल जइबू उनका नाम से, दुनिया जेकरा के पूजेला भक्ति भाव से।
- बिहार: शोभायात्रा में यूट्यूबर मनीष कश्यप के पोस्टर मैसेज; आरा में सांसद के खिलाफ नारेबाजी, समर्थक भिड़ल लो। पोस्टर में मनीष कश्यप के 2024 के राजा बतावल गइल।
- उत्तर प्रदेश: रामनवमी पs CM योगी के कन्या पूजन; 9 कन्या लोगन के गोड़ धोके चुनरी ओढ़वलें, अपना हाथ से भोजन करवलें, फेर दक्षिणा देके कइलें विदाई।
- उत्तर प्रदेश: आकांक्षा के मां से मिलली भोजपुरी एक्ट्रेस अक्षरा; मां अंचरा फइला के CM से मंगली मदद, आरोपी सिंगर समर सिंह के तलाश में ताबड़तोड़ छापेमारी।
- झारखंड: झारखंड के 2 गो वंदे भारत ट्रेन के सौगात, हफ्ता में 6 दिन चली। 25 अप्रिल के रांची से पटना के बीच चली पहिला वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन।
- इंदौर में मंदिर के बावड़ी के छत धंसल; 13 के मौत: रामनवमी पs हवन कs रहल करीब 30 लोग 40 फीट नीचे गिरल, 17 के बचावल गइल।
- गुजरात आ महाराष्ट्र में शोभायात्रा पs पथराव: वडोदरा में दु जगे चलल पत्थर, संभाजीनगर में मंदिर के बाहर आगजनी।
- भाषा विवाद में दही के भइल एंट्री: तमिलनाडु के पैकट में दही लिखला पs CM स्टालिन कहलें- हिंदी मत थोपs ; अब तायिर लिखल जाई।
- पाकिस्तान में सुप्रीम कोर्ट के चीफ जस्टिस पs लगाम: मर्जी से सुओ मोटो ना ले सकिहें; पीएम बोललें- लाडला इमरान के बहुत बचा लेलें। चीफ जस्टिस के खिलाफ रहे लोग साथी जज।
- आईपीएल में चार साल बाद ओपनिंग सेरेमनी: तमन्ना भाटिया, अरिजीत जइसन स्टार्स करी लो परफॉर्म, बिहान पहिला मैच गुजरात आ चेन्नई के बीच। आईपीएल के सबसे सफल टीम मुंबई आ चेन्नई के बीच मैच 08 अप्रिल आ 06 मई के होई।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Mar 30, 2023
बिहार: डिप्टी सीएम तेजस्वी के बेटी कात्यायनी के घर अइला पs ग्रैंड वेलकम; बुआ रोहिणी लिखली- तू जानल जइबू उनका नाम से, दुनिया जेकरा के पूजेला भक्ति भाव से। बिहार: शोभायात्रा में यूट्यूबर मनीष कश्यप
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, Big Bulletin, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, breaking news, Breaking Update, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, top news, up news, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






