Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

729
  1. बिहार: डिप्टी सीएम तेजस्वी के बेटी कात्यायनी के घर अइला पs ग्रैंड वेलकम; बुआ रोहिणी लिखली- तू जानल जइबू उनका नाम से, दुनिया जेकरा के पूजेला भक्ति भाव से।
  2. बिहार: शोभायात्रा में यूट्यूबर मनीष कश्यप के पोस्टर मैसेज; आरा में सांसद के खिलाफ नारेबाजी, समर्थक भिड़ल लो। पोस्टर में मनीष कश्यप के 2024 के राजा बतावल गइल।
  3. उत्तर प्रदेश: रामनवमी पs CM योगी के कन्या पूजन; 9 कन्या लोगन के गोड़ धोके चुनरी ओढ़वलें, अपना हाथ से भोजन करवलें, फेर दक्षिणा देके कइलें विदाई।
  4. उत्तर प्रदेश: आकांक्षा के मां से मिलली भोजपुरी एक्ट्रेस अक्षरा; मां अंचरा फइला के CM से मंगली मदद, आरोपी सिंगर समर सिंह के तलाश में ताबड़तोड़ छापेमारी।
  5. झारखंड: झारखंड के 2 गो वंदे भारत ट्रेन के सौगात, हफ्ता में 6 दिन चली। 25 अप्रिल के रांची से पटना के बीच चली पहिला वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन।
  6. इंदौर में मंदिर के बावड़ी के छत धंसल; 13 के मौत: रामनवमी पs हवन कs रहल करीब 30 लोग 40 फीट नीचे गिरल, 17 के बचावल गइल।
  7. गुजरात आ महाराष्ट्र में शोभायात्रा पs पथराव: वडोदरा में दु जगे चलल पत्थर, संभाजीनगर में मंदिर के बाहर आगजनी।
  8. भाषा विवाद में दही के भइल एंट्री: तमिलनाडु के पैकट में दही लिखला पs CM स्टालिन कहलें- हिंदी मत थोपs ; अब तायिर लिखल जाई।
  9. पाकिस्तान में सुप्रीम कोर्ट के चीफ जस्टिस पs लगाम: मर्जी से सुओ मोटो ना ले सकिहें; पीएम बोललें- लाडला इमरान के बहुत बचा लेलें। चीफ जस्टिस के खिलाफ रहे लोग साथी जज।
  10. आईपीएल में चार साल बाद ओपनिंग सेरेमनी: तमन्ना भाटिया, अरिजीत जइसन स्टार्स करी लो परफॉर्म, बिहान पहिला मैच गुजरात आ चेन्नई के बीच। आईपीएल के सबसे सफल टीम मुंबई आ चेन्नई के बीच मैच 08 अप्रिल आ 06 मई के होई।
497900cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.