[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur: रेलवे स्टेशन के चारो तरफ दिखी गुरु गोरखनाथ के आकृति, शापिंगो कांप्लक्स के मिली सुविधा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेलवे स्टेशन के पुर्नविकास योजना में रेल प्रशासन मंडल, जिला आ पुलिस प्रशासनो के सहजोग ली। गोरखपुर जंक्शन परिसर में चारों तरफ गुरु गोरखनाथ के आकृति दिखी। कायाकल्प के बाद जंक्शन पs प्रवेश करतही गोरखनाथ के धरती के झलक दिखी। मुख्य द्वार पs सांस्कृतिक आ ऐतिहासिक विरासतन से परिचय हो जाई।

सोमार के पूर्वोत्तर रेलवे के महाप्रबंधक चंद्रवीर रमण, कमिश्नर रवि कुमार एनजी आ एडीजी अखिल कुमार बैठक कs के एक-एक बिंदु पs विस्तार से चरचा कइल लो। रेलवे स्टेशन से बस स्टेशन तक स्काई-वे, पार्किंग, फुट ओवर ब्रिज आदि के निर्माणो में सभका से सुझाव आ विमर्श के बादेर आगे के कार्रवाई सुरू होई।

महाप्रबंधक सभागार में आयोजित बैठक में महाप्रबंधक कमिश्नर आ एडीजी के रेलवे के तइयारियन, प्रस्ताव आ मॉडल के बारे में जानकारी देलें। अधिकारी लोग रेलवे स्टेशन से बस स्टेशन के बीच बने वाला स्काई वे, उत्तरी द्वार के तरफ बने वाला फ्लाई ओवर, मेट्रो ट्रेन खातिर चिह्नित स्थल, स्टेशन पs बने वाला प्रवेश आ निकास गेट आउर यात्रियन के संख्या के लेके विचार-विमर्श कइल लो।

रेलवे प्रशासन नया गोरखपुर जंक्शन के प्रस्ताव तइयार कs के बोर्ड के भेज देले बा। बोर्ड के सहमति मिलतही आगे के कार्यवाही सुरू हो जाई। रेल मंत्रालय के पुनर्विकास योजना के तहत गोरखपुर जंक्शन के एयरपोर्ट के तर्ज पs स्मार्ट बनावे के तइयारी चल रहल बा। मुख्य द्वार से उत्तरी द्वार तक रेल लाइन के ऊपर रूफ प्लाजा बनी। यात्री दक्षिण के तरफ से स्काई वे आ उत्तर के तरफ से फ्लाई ओवर से होत सीधे रूफ प्लाजा पs पहुंच जाई लो।

रूफ प्लाजा पs रेस्टोरेंट आ शापिंग कांप्लेक्स के सुविधा मिली। स्टेशन परिसर चारों तरफ से बंद होई। प्रवेश आ निकास के खातिर खाली एक-एक गेट होई। परिसरे में मेट्रो ट्रेन खातिरो स्टेशन बनावे के प्रस्ताव बा, जवना से मेट्रो के यात्री सीधे रेलवे स्टेशन पहुंच सके लो। यात्रियन के परिसरे में कम बजट में अति आधुनिक होटल के कमरा मिल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]