Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

521
  1. बिहार: पटना में टीचर के बेटा के अपहरण… 40 लाख मांगल गइल: लईका के व्हाट्सऐप से वॉइस मैसेज भेजके मांगल गइल पईसा, अपराधी कहलें सs -तहरा पs हमार नजर बा।
  2. बिहार: कटिहार में संदिग्ध कश्मीरी गिरफ्तार… फोन में मिलल पाकिस्तानी नंबर: फिनलैंड में रह चुकल बा, कोलकाता जाये के रहे तइयारी, पिता के रहे आतंकी कनेक्शन।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी में कोल्ड स्टोरेज हादसा में 13 के मौत; 28 घंटा से चल रहल बा रेस्क्यू, अभी 3 लोगन के आउर दबल होखला के आशंका। संभल के कोल्ड स्टोरेज हादसा में अब तक 21 लोगन के बाहर निकालल गइल बा।
  4. उत्तर प्रदेश: सपा विधायक इरफान सोलंकी बोललें – जुल्मी कब तक जुल्म करी: कानपुर कोर्ट में भइल पेशी, कहलें – इस्तीफा चाहीं तs हम देवे खातिर तइयार बानी।
  5. झारखंड: लातेहार पुलिस के हाथे लागल एगो आउर बड़ सफलता लागल; लेवी आ रंगदारी वसूले के तइयारी में रहे नक्सली, टीपीसी के सबजोनल कमांडर कुलदीप मेहता गिरफ्तार।
  6. सिसोदिया के रिमांड 5 दिन फेर बढ़ल: ED कोर्ट से कहलस- उनका से आउर सवाल करे के बा, अभी ईमेल-मोबाइल डेटा के एनालिसिस कइल जा रहल बा। दिल्ली शराब नीति केस में सिसोदिया के भइल रहे गिरफ्तारी।
  7. हंगामा के बाद संसद सोमार तक खातिर स्थगित: कांग्रेस सांसदन के मांग- राहुल के सदन में बोले दिहल जाव, भाजपा कहलस पहिले बयान पs माफी मांगस।
  8. दिल्ली LG विनय कुमार सक्सेना बोललें -सरकार से तकरार में लिलिट क्रॉस भइल: केजरीवाल के तारीफ कइलें; कहलें- हवा पत्ता गिरावेला, बाकिर पेड़ से रिस्ता खतम ना होला।
  9. कोहिनूर के प्रदर्शनी लगाई ब्रिटेन के शाही परिवार: जीत के प्रतीक के तौर पs रखल जाई, मुगलन से सिखन तक के इतिहास लउकी। एकर प्रदर्शन टॉवर ऑफ लंदन में होई।
  10. WTC फाइनल ना खेलिहें हार्दिक पंड्या: कहलें- टेस्ट चैंपियनशिप में हमार कवनो जोगदान नइखे, एहिसे सीधा फाइनल खेलल अनैतिक। 2018 में खेलले रहस आखिरी टेस्ट मुकाबला।
483230cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.