[the_ad_group id="30365"]

बीआरडी गोरखपुर : बीआरडी मेडिकल कॉलेज देश के टॉप 10 अस्पताल में शामिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बीआरडी गोरखपुर : बीआरडी मेडिकल कॉलेज देश के टॉप 10 अस्पताल में शामिल

गोरखपुर , खबर भोजपुरी: जिला अस्पताल के साथे बीआरडी मेडिकल कॉलेज भी देश के टॉप 10 अस्पताल के सूची में शामिल भइल बा।

सोमार के दिने जारी सूची में बीआरडी मेडिकल कॉलेज देश में आठवाँ जगहा पे बा| जबकि जिला अस्पताल के नौवां स्थान मिलल। ए योजना के शुरुआत के बाद पहिला बेर बीआरडी राष्ट्रीय स्तर पे एतना बड़ छलांग लगवले बा। हालांकि जिला अस्पताल पिछला 10 दिन से टॉप टेन के सूची में बा।

 

यूपी के सात अस्पताल टॉप 10 में

सोमवार के जारी सूची में देश के टॉप 10 अस्पताल में से सात अस्पताल यूपी के रहे। स्कैनिंग के बाद पर्चा बनावे वाला अस्पताल के सूची में प्रयागराज के तेज बहादुर सप्रू हॉस्पिटल देश में एक नंबर पे रहे। प्रयागराज के तीन गो अस्पताल, गोरखपुर आ लखनऊ के दू-दू गो अस्पताल एह सूची में शामिल बा| एकरा अलावे दिल्ली, उड़ीसा अउरी छत्तीसगढ़ के एक-एक अस्पताल भी ए सूची में शामिल बा|

केन्द्र सरकार मरीजन खातिर एक जगह डाटा सेट बनावे खातिर आयुष्मान भारत हेल्थ अकाउंट (आभा) योजना शुरू कइलेबिया| एकरा तहत मरीज के रजिस्ट्रेशन हो रहल बा। उ मोबाइल से स्कैनिंग अउरी शेयर क के कागज के पर्चा काटवावत बाड़े। एकरा खातिर बार-बार रजिस्ट्रेशन ना करे के पड़ेला। जिला अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेंडेंट डॉ. अंबुज श्रीवास्तव कहले कि सरकार के इ एगो बढ़िया पहल बा। एकरा चलते मरीज के एक बेर ही रजिस्ट्रेशन करावे के पड़ेला। फेरु आपन मोबाइल नंबर स्कैन क के फार्म बनवावे के पड़ी। एकरा में एक मिनट से भी कम समय लाग रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]