[the_ad_group id="30365"]

सांझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: शहीद बेटा के स्मारक बनवला पs जेल… CID करी जांच; DGP जांच खातिर बनवलें स्पेशल टीम; दोषी पुलिस वालन पs होई एक्शन।
  2. बिहार: उपेंद्र कुशावाहा बोललें- नीतीश के जमीन खिसक चुकल बा; ऊ बिहार के 2005 के पहिले धकेल रहल बाड़ें, राजद के लोग उनका के कुछुओ बोल रहल बा।
  3. उत्तर प्रदेश: अतीक के एनकाउंटर के डर, सुप्रीम कोर्ट में अर्जी: कहलस- अहमदाबाद जेल से कहीं आउर ना भेजल जाव, यूपी में करीबी के घर पs चलल बुलडोजर।
  4. उत्तर प्रदेश: सीएम योगी के अखिलेश यादव पs हमला, बोललें – हमनी के विकास के बात करत बानी सs ऊ जाति के, उमेश पाल के कवनो जाति ना रहे।
  5. झारखंड: G-20 Summit; झारखंड के धरती पs पहुंचे लागल मेहमान लोग, पारंपरिक तरीका से कइल जा रहल बा स्वागत।
  6. हरियाणा में सरपंचन पs पुलिस के लाठीचार्ज: चंडीगढ़ में घुसे खातिर पंचकूला में बैरिकेडिंग तुरल लोग, ई टेंडरिंग के कर रहल बा लो विरोध।
  7. ब्रिटिश विदेश मंत्री BBC टैक्स के मुद्दा उठवलें: जयशंकर बोललें- भारत में काम करे वाला संस्थानन के कानून के पालन करे के होई।
  8. भारत इंटरनेट बैन में लगातार 5 वां बेर टॉप पर: 2022 में 84 बेर शटडाउन कइलस, सबसे जादे 49 बेर जम्मू कश्मीर में। दुनिया भर में 187 बेर बंद भइल इंटरनेट।
  9. CPR (सेंटर फॉर पॉलिसी रिसर्च) के FCRA (फॉरेन कंट्रीब्यूशन रेगुलेशन एक्ट) लाइसेंस सस्पेंड: फंडिंग नॉर्म्स के उल्लंघन के आरोप, अक्टूबर से दिसंबर के बीच 10.1 करोड़ रुपिया रिसीव भइल।
  10. तीसरका टेस्ट के पहिला दिने ऑस्ट्रेलिया के 47 रन के बढ़त: पहिला पारी में 109 रन के जवाब में 156 रन बनवलस, ग्रीन-हैंडस्कॉम्ब नाबाद लवटल लो।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]