[the_ad_group id="30365"]

सरकार के बड़ फैसला, एक जनवरी से चीन समेत एह देश से आवे वाले यात्रियन खातिर RT-PCR टेस्ट जरूरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कोविड महामारी के नई लहर के आशंका के देखत केंद्र सरकार बड़ फैसला लिहले बा। सरकार एक जनवरी से चीन समेत एह देशन से आवे वाले यात्रियन खातिर RT-PCR टेस्ट अनिवार्य कs दिहल गइल। केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री मनसुख मंडाविया बियफे के एह फैसला के जानकारी दिहलें। ऊ कहनें कि चीन, हांगकांग, जापान, दक्षिण कोरिया, सिंगापुर अउर थाईलैंड से भारत आवे वाले यात्रियन के एक जनवरी से निगेटिव कोविड टेस्ट रिपोर्ट देहल जरूरी होई।

मंडाविया कहनें कि एह जगह से आवे वाले यात्रियन के फ्लाइट पकड़ले से पहिले एयर सुविधा पोर्टल पs आरटी-पीसीआर टेस्ट के निगेटिव कोविड रिपोर्ट अपलोड करे के होई। ऊ कहनें कि यात्रा के 72 घंटा के भीतर कोविड टेस्ट करावे के होई। स्वास्थ्य मंत्री कहनें कि अभीन भारत आवे वाले सब अंतरराष्ट्रीय यात्रियन खातिर एयरपोर्ट पर रैंडम टेस्टिंग जरूरी कइल गइल बा, लेकिन यात्रियन के फ्लाइट पकड़ले से पहिलही आरटी-पीसीआर रिपोर्ट जमा करावे के जरूरत बा।

ध्यान देवे वाला बात ई बा कि भारत सरकार कुछ देश में कोरोना वायरस के मामला में उछाल के बाद अलर्ट जारी कइलस अउर कोविड दिशा-निर्देश के सख्त कs दिहले रहे। सथही में राज्य अउर केंद्र शासित प्रदेश के कौनहूँ स्थिति खातिर तैयार रहे के कहल गइल बा।

24 घंटा में कोरोना संक्रमण के 268 नयका मामिला

केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के बियफे जारी ताजा आंकड़न के अनुसार, 24 घंटा में भारत में कोरोना संक्रमण के 268 नयका मामला दर्ज कइल गइल। जेकरे बाद सक्रिय मामिला बढ़ के 3,552 हो गइल। मंत्रालय के कहनाम बा कि देश में कोरोना के दैनिक संक्रमण दर 0.11 प्रतिशत दर्ज कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]