Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

490
  1. बिहार: गया से पूरा बिहार में हो सकत बा कोरोना विस्फोट!; दिसंबर लास्ट में जापान समेत 12 देसन से जुटी लोग; नीतीश बोललें- हमनी के पहिले से अलर्ट बानी।
  2. बिहार: बिहार के सभे SP-थानेदारन के DGP के दु टूक; क्रिमिनल के ना दउरइबs लो तs ऊ तहरा लोगन के दउराई, चुन लs का करे के बा।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी में बिहान से बदल जाई कक्षा 8 तक के स्कूलन के समय, कोहरा आ ठंडा के कारण फैसला। 10 बजे से चली स्कूल।
  4. उत्तर प्रदेश: ओबीसी आरक्षण से जुड़ल याचिका पs आजो ना आइल फैसला, बियफे के होई सुनवाई।
  5. झारखंड: हेमंत सरकार के तीन साल; झारखंड के 10 लाख किसानन के सौगात, 25 लाख छात्रन के मिली छात्रवृति।
  6. फड़नवीस के पत्नी मोदी के राष्ट्रपिता बतवली: 3 साल पहिलहु अइसन कह चुकल बाड़ी, ट्रंपो कह चुकल बाड़े फादर ऑफ इंडिया।
  7. सितंबर में भारत आ गइल रहे कोरोना के नया वेरिएंट: गुजरात में 2, ओडिशा में एगो केस मिलल, तीनों ठीक; एयरपोर्ट्स पs सैंपलिंग सुरू।
  8. सरकार कहलस- राहुल यात्रा रोक देस: देस के कोरोना से बचावे के बा, कांग्रेस बोलल – का मोदी मास्क पहिनके गुजरात गइल रहस।
  9. पाकिस्तान में दवाइयन के किल्लत: खजाना खाली भइल तs भारतो से इंपोर्ट बंद, लाइफ सेविंग ड्रग्स तक मवजु़द नइखे।
  10. दूसरा टेस्ट से पहिले टीम इंडिया के झटका: कप्तान राहुल चोटिल भइलें, पुजारा कs सकत बाड़े कप्तानी। टीम सबेरे तक फीट भइला के इंतेजार करी।
417680cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.