[the_ad_group id="30365"]

ताजनगरी में आवे वाले सब पर्यटक लोग के होई कोरोना जांच, स्वास्थ्य विभाग बढ़वलस सतर्कता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कोरोना संक्रमण के मामिला फिर से सामने अइले के बाद आगरा में भी स्वास्थ्य विभाग के ओर से सतर्कता बढ़ावल जा रहल बा। ताजनगरी में आवे वाले सब पर्यटकन के जांच सुनिश्चित कइल जाई। खेरिया एयरपोर्ट सहित आगरा कैंट अउर फोर्ट रेलवे स्टेशन पर जांच के सुविधा बा। टीम के अउर सक्रिय कइल जाई।

मुख्य चिकित्साधिकारी डॉ. अरुण श्रीवास्तव बतवलें कि एह समय एसएन मेडिकल अउर जिला अस्पताल के अलावा शहर के प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र अउर ग्रामीण क्षेत्र के सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र के संगे बाहर चार जगह कोरोना के जांच करावल जा रहल बा। बाहर एयरपोर्ट, दू रेलवे स्टेशन के अलावा अंतरराज्यीय बस अड्डा (आईएसबीटी) ट्रांसपोर्ट नगर पs जांच के व्यवस्था बा।

ऊ बतवलें कि कोरोना के संबंध में बियफे के शासन स्तर से दिशा-निर्देशो जारी कs दिहल जाई, उनकर पालन करावल जाई। मुख्य चिकित्साधिकारी लोग से अपील कइले बानें कि ऊ मास्क पहिनल फिर से शुरू कर देवें। मास्क अउर सामाजिक दूरी के पालन कsके कोरोना से बचल जा सकsता। हैंड सैनिटाइजेशन के भी विशेष ध्यान रखे के होई।

जांच के संख्या बढ़ावल जाई

मुख्य चिकित्साधिकारी बतवलें कि एह समय मेडिकल कॉलेज के माइक्रोबायोलॉजी लैब में करीब 1000 जांच रोजाना हो रहल बा। मरीजों के पॉजिटिव न मिलले पर जांच के संख्या कुछ कम हो गइल रहे। जांच के संख्या बढ़ावल जाई। जौन मरीज पॉजिटिव मिलिहें, उनके नमूना के जीनोम सिक्वेंसिंग करावल जाई।

25 नवंबर के बाद कौनो नया मामला नाइ आइल

जिला में 25 नवंबर 2022 के बाद कौनो नयका मामिला सोझे आइल बा। एहसे पहिले एक से 25 नवंबर के बीच कोरोना के कुल 13 मामिला सामने आइल रहे। बता देईं कि पहिला लहर में प्रदेश में पहिला मामला आगरा में ही सोझे आइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]