[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: 85000 असली के बदला में 5 लाख के नकली नोट: सीवान में डिलवरी देवे पहुंचल तस्कर गिरफ्तार; बड़ गिरोह से हो सकत बा कनेक्शन।
  2.  बिहार: “तु खुद के मार ल… हम केहू के ना मारेम”; मोतिहारी में शादीशुदा प्रेमिका के फोन ना उठवला से रहे नाराज; जिंदा जरावे के कोसिस कइलस। अवैध संबंध में मारे के कोसिस।
  3. उत्तर प्रदेश: सीएम योगी आदित्यनाथ राहुल गांधी के सेना पs दिहल गइल बयान के बतवलें अपमानजनक, बोललें- देस से माफी मांगस।
  4. अयोध्या-नई दिल्ली एक्सप्रेस में मोबाइल चोरी पs बेकाबू भइल यात्री के गुस्सा, चलत ट्रेन से धक्का देके लेलस जान। ट्रेन से फेंके से पहिले आरोपी के जमके पिटाईयो कइल गइल रहे।
  5. झारखंड: JSSC के नियुक्ति नियमावली के हाईकोट कइलस रद्द, फेर से विज्ञापन जारी करे के देलस निरदेस।
  6. अमित शाह के सामने ममता के BSF से बहस: कहली- फोर्स के लगे बसी ताकत, एसे जादे लोग परेसान हो रहल बा। ममता BSF पs लगवले गांववालन के हत्या के आरोप। अक्तूबर 2021 में केंद्र बढ़ा देले रहे BSF के अधिकार क्षेत्र।
  7. ऑनर किलिंग पs CJI के बड़ बयान: कहलें- प्रेम आ इंटरकास्ट मैरिज के चलते सैकड़न जुवा हर साल मार दिहल जाले।
  8. पाक विदेश मंत्री के बयान पs देशभर में प्रदर्शन: भाजपा माफी मांगे के मांग कर रहल बिया, बिलावल भुट्टो मोदी के कसाई कहले रहस। अनिल विज बोललें- भुट्टो दिमागी संतुलन खो चुकल बाड़े।
  9. हमनी के मजदूरन के मौत कतर रिश्वत देके छिपवलस: यूरोपियन सांसदन पs छापेमारी, एक से 8, दूसरा से 5 करोड़ रुपिया मिलल। मीडिया रिपोर्ट के अनुसार करीब साढ़े छव हजार भारतीय मजदूर कतर में मारल गइल लोग।
  10. भारत के जीत खातिर 4 विकेट के जरूरत: चउथा दिन बांग्लादेश के स्कोर 272/6, अक्षर पटेल लेलें तीन विकेट।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]