[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: लोकगायक आ संगीतकार बृज किशोर दुबे के पटना में संदिग्ध मौत, फ्लैट के बाथरूम में मिलल शव। राष्ट्रपति आ साहित्य अकादमी अवार्ड से सम्मानित रहलें।
  2. बिहार: एगो शिकायत…. आ 2 मिनट में मुख्यमंत्री लगववलें 3 गो फोन; फरियादी बोलल- टीचर ना पढ़ावेला लो; चीफ सेक्रेटरी, अपर सचिव आ शिक्षा मंत्री से कहलें – तुरंत देखल जाव। ठीक 3 दिन पहिले मुख्यमंत्री नीतीश कुमार शिक्षकण के चेतावनी देले रहस, एकरा बादो सुधार नइखें।
  3. उत्तर प्रदेश: मैनपुरी उपचुनाव 2022; अखिलेश यादव के दावा, डिंपल के होई अब तक के सबसे बड़ जीत। मैनपुरी के मानल जाला सपा के गढ़। मुलायम सिंह यादव के निधन से सीट भइल रहे खाली।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी में अब गर्मियन में ना जाई बिजली, 24 घंटा आपूर्ति खातिर योगी सरकार बना रहल बिया नया बेवस्था के ब्लूप्रिंट।
  5. झारखंड: सीएम हेमंत विपक्ष के खिलाफ खोललें मोर्चा, रघुवर सरकार के 5 मंत्रियन के खिलाफ ACB के जांच के निरदेस। अमर बाउरी, रणधीर सिंह, नीरा यादव, लुइस मरांडी आ नीलकंठ सिंह मुंडा के खिलाफ जांच के आदेश।
  6. G 20 मीटिंग खातिर मोदी इंडोनेशिया रवाना: बाली में समिट से पहिले बाइडेन-जिनपिंग के मुलाकात; मोदी 10 वर्ल्ड लीडर्स से मिलिहें। समिट में फूड एंड एनर्जी सिक्योरिटी प रही फोकस।
  7. जबरन धर्मांतरण देस के सुरक्षा खातिर खतरा: सुप्रीम कोर्ट कहलस- ई एगो गंभीर मसला, केंद्र सरकार 22 नवंबर तक जवाब देवे। याचिकाकर्ता के मांग – धर्म परिवर्तन रोके खातिर अलग से कानून बने।
  8. लिव इन पार्टनर प्रेमिका के 35 टुकड़ा कइलस: क्राइम शो देखके आफताब फ्रिज में स्टोर कइलस बॉडी पार्ट्स, 18 दिन तक जंगल में फेंकलस। मृतिका श्रद्धा के बाबूजी 8 नवंबर के पुलिस में अपहरण के शिकायत दर्ज करवले रहस।
  9. ईरान में पहिला बेर हिजाब विरोधी प्रदर्शनकारी के होई फांसी: शख्स प दंगा भड़कावे के आरोप, तेहरान कोर्ट सुनवलस फसीला।
  10. लिमिटेड ओवर्स आ टेस्ट के टीम अलग-अलग होखे: अनिल कुंबले बोललें – टी-20 क्रिकेट में जादे से जादे ऑलराउंडरन के जरूरत।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]