[the_ad_group id="30365"]

भारत में धरम बदले खातिर फंडिंग करेले ‘अमेजन’, आरएसएस से जुड़ल पत्रिका के गंभीर आरोप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ से जुड़ल पत्रिका द ऑर्गनाइजर अपने नयका अंक में एगो कवर स्टोरी प्रकाशित कइले बा जेमें दिग्गज ई-कॉमर्स कंपनी Amazon पर पूर्वोत्तर भारत में धरम बदलवावे खातिर फंडिंग करे के आरोप लगवले बा। ‘अमेजिंग क्रॉस कनेक्शन’ शीर्षक वाली एह कवर स्टोरी में, पत्रिका इहो आरोप लगवलस कि कंपनी के ‘अमेरिकन बैपटिस्ट चर्च’ नाम के एगो संगठन के संगे वित्तीय संबंध बा जेपर धरम बदलवावे के मॉड्यूल चलावे के गंभीर आरोप बा। अमेजन एह पs चर्च के कई मौका पर फंडिंग कइले बा।

अमेरिकन बैपिस्ट चर्च पर मनी लॉन्ड्रिंग के जरिए फंडिंग करवावे के आरोप

पत्रिका कहलस कि अमेजन ईसाई धर्मांतरण मॉड्यूल खातिर अमेरिकन बैपिस्ट चर्च(ABM)के वित्तपोषण कs रहल बा। ई चर्च अमेजन के अलावा अउर भी कई बहुराष्ट्रीय कंपनियन से मनी लॉन्ड्रिंग के जरिए फंडिंग करवा रहल बा। पत्रिका ई भी आरोप लगावल गइल बा कि चर्च भारत में अखिल भारतीय मिशन (एआईएम) नाम से एगो मोर्चा चला रहल बा। ई उनकर फ्रंटल संगठन ह जौन अपने वेबसाइट पर खुलहा तौर पर दावा कइले बानें कि ऊ पूर्वोत्तर भारत में 25 हजार लोग के ईसाई धर्म में बदलsला। पत्रिका कहलस कि अमेजन एगो भारतीय द्वारा प्रत्येक खरीद पर पइसा दान कsके अखिल भारतीय मिशन के धरम बदलले के मॉड्यूल के समर्थन कs रहल बा।

अमेजन आरोप के सिरा से कइलस खारिज

द इंडियन एक्सप्रेस के एगो रिपोर्ट के मुताबिक, अमेजन एह गंभीर आरोपन के सिरा से खारिज कs दिहले बा। कंपनी के एगो प्रवक्ता कहनें कि अमेजन इंडिया के अखिल भारतीय मिशन चाहे उनके सहयोगियन के संगे कौनो संबंध नाइ बा अउर न ही अमेजनस्माइल प्रोग्राम अमेजन इंडिया मार्केटप्लेस पर संचालित होला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]