[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: असुदुद्दीन ओवैसी के पार्टी के बिहार उपचुनाव में इंट्री; गोपालगंज सीट प असलम मुखिया के मिलल AIMIM के टिकट, आज भइल नामांकन।
  2. बिहार: सीएम नीतीश कुमार केंद्र सरकार प कइलें बड़ हमला, कहले- जिनगी भर बीजेपी में ना जाएम। सुक के कइलें समस्तीपुर में इंजीनियरिंग कॉलेज के उद्घाटन कइलें। एह दौरान ऊ कहले- हमरा खिलाफ बहुत कुछ बोलल जा रहल बा। जे पुरान समाजवादी बा ऊ हमरा साथे रही, हम जिनगी भर बीजेपी में ना जाएम।
  3. उत्तर प्रदेश: ज्ञानवापी मस्जिद केस; कार्बन डेटिंग के मांग के अदालत कइलस खारिज, कहलस- ‘शिवलिंग के हो सकत बा क्षति’। हिंदू पक्ष कइले रहे कार्बन डेंटिंग के मांग।
  4. उत्तर प्रदेश: गोरखपुर में बाढ़ पीड़ितन से मिलले सीएम योगी; बोलले- बाढ़ पीड़ितन के मदद में जुटल बिया सरकार, राहत सामग्रियों बंटले।
  5. झारखंड: झारखंड में बिजली संकट गहराए के आशंका, KTPS में खाली एक दिन के बचल बा कोयला स्टाक। कोयला के कमी के कारण कोडरमा थर्मल पावर प्लांट से लगातार बिजली उत्पादन प्रभावित हो रहल बा।
  6. बिहार प मंडरा रहल बा बाढ़ के खतरा! नेपाल में तेज बरखा से उफान प गंडक-कोसी, निचला इलाका डूबल, कोसी बैराज के 56 में से 25 गेट खोलल गइल। फसल तबाह; पलायन के मजबूर लोग। 15 जिलन में भारी बरखा के बा अलर्ट, 15 अक्टूबर के लमसम मानसून के हो सकेला विदाई।
  7. प्रियंका गांधी कइली दादी के इयाद: सोलन में बोलली- हिमालय के बर्फ में उनकर अस्थि, सरकार बनते पुरान पेंशन स्कीम के बहाली आ 1 लाख जॉब के वादा। हिमाचल चुनाव अभियान के कइलीं शंखनाद।
  8. हिमाचल-गुजरात में वोटिंग अलग, नतीजा एक साथ: हिमाचल में 12 नवंबर के पोलिंग, 8 दिसंबर के रिजल्ट; बीच के 26 दिन में गुजरात चुनाव संभव। 2017 में अइसने हो चुकल बा।
  9. SCO- RATS अंतरष्ट्रीय आतंकी समूह से निपटे के फसीला कइलस: दिल्ली में भइल बैठक, चीन-पाकिस्तान के अधिकारी मवजुद रहल लो। शंघाई सहयोह संगठन (SCO) आ ओकर एंटी टेरर बॉडी रीजनल एंटी टेररिस्ट स्ट्रक्चर (RATS) के बैठक में अफगानिस्तान के आतंकी समुहन से लड़े के मुकाबला करे के लिहल गइल फसीला।
  10. ICC टी-20 विश्वकप: चोटिल बुमराह के जगे मोहम्मद शमी टीम में, बीसीसीआई कइलस ऐलान।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]