[the_ad_group id="30365"]

वैश्विक भूख सूचकांक 2022: 6 पायदान फिसल के 107वें स्थान पs भारत, श्रीलंका-पाकिस्तान भी हमनी से बेहतर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वैश्विक भूख सूचकांक 2022 (Global Hunger Index) में भारत के स्थिति अउर भी खराब हो गइल बा। आंकड़न के मुताबिक, भारत छह पायदान नीचे खिसक के अब 121 देश में 107वें स्थान पर पहुंच गइल बा। दक्षिण एशियाई देश के बात कइल जाव त भारत के स्थिति युद्धग्रस्त देश अफगानिस्तान से कुछ बेहतर बा। अफगानिस्तान एह सूची में 109वें स्थान पर बानें। 29.1 स्कोर के साथ ग्लोबल हंगर इंडेक्स के प्रकाशक भारत में ‘भूख’ के स्थिति के गंभीर बतवले बानें।

उहवें अगर पड़ोसी देशन के बात कइल जाव त पाकिस्तान, श्रीलंका, बांग्लादेश, नेपाल, म्यांमार की स्थिति हमनी से बेहतर बा। 121 देश के सूची में पाकिस्तान 99वें, श्रीलंका 64वें, बांग्लादेश 84वें, नेपाल 81वें अउर म्यांमार 71वें स्थान पर बानें।

एह देश में भारत से भी खराब स्थिति

ग्लोबल हंगर इंडेक्स के आंकड़ा के देखल जाव त जाम्बिया, अफगानिस्तान, तिमोर-लेस्ते, गिनी-बिसाऊ, सिएरा लियोन, लेसोथो, लाइबेरिया, नाइजर, हैती, चाड, डेम कांगो, मेडागास्कर, मध्य अफ्रीकी गणराज्य अउर यमन के स्थिति भारत से भी खराब बा। रिपोर्ट में कहल गइल रहे कि गिनी, मोजाम्बिक, युगांडा, जिम्बाब्वे, बुरुंडी, सोमालिया, दक्षिण सूडान अउर सीरिया सहित 15 देश खातिर रैंक के निर्धारण नाइ कइल जा सकsता।

विपक्ष सरकार पs बोललस हमला

वैश्विक भूख सूचकांक के आंकड़ा सोझे अइले के बाद विपक्ष सरकार पर हावी हो गइल बा। कांग्रेस नेता पी चिदंबरम कहलें कि मोदी सरकार के आठ साल में 2014 के बाद से भारत के स्कोर खराब भइल बा चिदंबरम एगो ट्वीट में कहलें, हिंदुत्व, हिंदी थोपना अउर नफरत फैलाना भूख के दवा नाइ ह। एहके अलावा कार्ति चिदंबरम ट्वीट कइल गइल, भाजपा सरकार इन आंकड़ा के खारिज कs देई अउर स्टडी करे वाले संगठन पs छापा मारी।

सिसोदिया कसलें तंज

एह आंकड़ा के सोझे अइले के बाद दिल्ली के उपमुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया भी सरकार पर हमला बोलले बानें। ऊ कहलें भाजपा भारत के पांच ट्रिलियन अर्थव्यवस्था बनावे के बारे में भाषण देले, लेकिन 106 देश दिन में दू समय के भोजन उपलब्ध करावे में हमसे बेहतर बानें। ऊ आगे कहलें, भारत के हर बच्चा के निम्मन शिक्षा दिहले बिना नंबर-1 नाइ बनावल जा सकsता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]