[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: JDU के आज बीजेपी के खिलाफ पोलखोल कार्यक्रम; हर जिला मुख्यालय प धरना प्रदर्शन। ललन सिंह बोलले- आरक्षण खतम कइल BJP के एजेंडा।
  2. बिहार: औरंगाबाद में थानाध्यक्ष करवले प्रेमी जोड़ा के बियाह; दु साल से दुनो के चलत रहे प्रेम प्रसंग, बिना दहेज भइल शादी।
  3. उत्तर प्रदेश: चार पहिया इलेक्ट्रिक वाहन के खरीद प एक लाख के छूट, पांच बरिस तक रोड टैक्स माफ। नाया प्रभावी इलेक्ट्रिक वाहन नीति-2022 तइयार।
  4. उत्तर प्रदेश: शंकराचार्य स्वामी निश्चलानंद सरस्वती कहलें- ब्राह्मण के पथभ्रष्ट करे के हो रहल बा कोसिस, बचाई ब्राह्मणत्व। महोबा के करबोई में सभा के संबोधित करत कहलें- नवहन आ पत्रकार लोगन के शिक्षा खातिर आगे आवे के चाहीं।
  5. झारखंड: नकाबपोश अपराधी पत्थर क्रशर में पिस्तौल के डर दिखा लुटले 1.20 लाख रुपिया। तीन नकाबपोश अपराधी क्रशर में अइले आ पिस्टल के भय दिखाके लूट लेले रूपिया।
  6. कांग्रेस अध्यक्ष पद के प्रत्याशी शशि थरूर के नाराजगी: बोलले- PCC के अध्यक्ष हमरा से मिलेले तक ना, खड़गे सबका से घिरल रहलें। पार्टी के बड़ नेता कर रहल बा लो भेदभाव। रउआ सभे देखत बानी हम अपना ला खुद वोट मांग रहल बानी।
  7. पत्रकार राणा अय्यूब के खिलाफ चार्जशीट दाखिल: ED बोलल- चैरिटी के नाम प लोगन से धोखा। चैरिटी के पईसन के अपना एकाउंट में ट्रांसफर करे के बा आरोप।
  8. हिजाब बैन प सुप्रीम कोर्ट के जज बंटल लो: एक्पर्ट बोलल लो- संविधान पीठ के लगे जा सकेला केस, CJI तय करिहें जज। संविधान पीठ के सुनवाई में लागी समय।
  9. गुजरात आप संयोजक गोपाल इटालिया दिल्ली में हिरासत में लिहल गइलें: PM मोदी प कइलें रहस आपत्तिजनक टिप्पणी।
  10. भारत आठवां बेर विमेंस एशिया कप के फाइनल में; थाईलैंड के 74 रनन से हरवलस। दीप्ति शर्मा लेली तीन विकेट। 7 बेर में छव बेर पहिले फाइनल जीत चुकल बा भारत।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]