[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार:  लालू यादव के दिल्ली में ऐलान- नरेंद्र मोदी सरकार के मुरई लेखा उखाड़ फेंकेम। जवना तरे हमनी के छापा मारेनी जा, भाजपा के छाप दिआई। एकरा खातिर सब दल के नेता लोगन के एकजुट होखे के पड़ी।
  2. बिहार: पारिवारिक कलह में 6 लईकन समेत 8 के मौत; कैमूर में 3 लईकन के संगे इनार में कुदली माई, बेतिया में महिला अपना तीन लईकन संगे नदी में छलांग लगवली। लोग पहुंचित आ कुछ करित ओकरा पहिलही हो गइल मौत।
  3. उत्तर प्रदेश: मुलायम सिंह यादव के अंतिम संस्कार में शामिल होखे काल्ह सैफई जइहें सीएम योगी आदित्यनाथ। बिहान मंगर के करीब तीन बजे होई अंतिम संस्कार।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी एटीएस के गिरफ्त में अलकायदा से जुड़ल आठ आतंकी, सहारनपुर आ शामली से कनेक्शन। एटीएस अल कायदा इंडियन सबकॉन्टिनेंट, अल कायदा बर्र ए सगीर आ जमात उल मुजाहिदीन से जुड़ल आठो आतंकियन के पकड़ले बिया।
  5. झारखंड: सीएम हेमंत सोरेन 12 अक्टूबर के गिरीडीह से करिहें ‘आपकी योजना, आपकी सरकार, आपके द्वार’ कार्यक्रम के सुरुआत। योजनन के लाभ सभे के मिले एह सोच के संगे पिछला साल बिरसा मुंडा जयंती प कइले रहे आयोजन।
  6. जंग के 229 वां दिन कीव प सबसे बड़ रूसी हमला: रात में 83 मिसाइल दगलस, पुतिन बोलले- युक्रेन ना मानल त बेसी भयानक अटैक होई। सनीचर के रूस के कर्च ब्रिज प भइल रहे युक्रेन द्वारा हमला।
  7. नाम आ निशान फ्रीज होखला के बाद हाई कोर्ट पहुंचल उद्धव गट, मांग कइलस- EC के ऑर्डर रद्द होखे। आयोग 8 अक्टूबर के तीर-कमान सिंबल के फ्रीज क देले रहे।
  8. पीएम मोदी के गुजरात दौरा के आज दुसरका दिन: अहमदाबाद में पीएम शैक्षणिक संकुल के लोकार्पण कइलें, 400 छात्रण खातिर होस्टल आज से सुरु।
  9. नोबेल पुरस्कार 2022: इकोनॉमिक्स के नोबेल 3 एक्सपर्ट्स के, ई लोग बैंकिंग आ सोसायटी के रिश्तन के अहमियत बतावल लो। बेन बेनार्क, डगलस डायमंड आ फिलिप डिविग के नाम के ऐलान।
  10. विश्व कप के पहिला वार्मअप मैच में भारत के जीत: सूर्या 35 बॉल में बनवले 52 रन, अर्शदीप झटकले तीन विकेट। वेस्टर्न ऑस्ट्रेलिया संगे भइल भारत के मुकाबला।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]