[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: पैडलेगंज से नौकायन केंद्र अउर तारामंडल क्षेत्र से पैडलेगंज ले फर्राटे से दउड़ सकी गाड़ी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सर्किट हाउस से नौकायन केंद्र अउर तारामंडल क्षेत्र से नौकायन केंद्र तक सप्ताह में पांच दिन ले गाड़ी के आवागमन पर कौनो तरे के रोक नाइ रही। सोमार से शुक्क ले साँझ पांच बजे से रात नौ बजे ले दूनो तरफ से वाहन आ-जा सकी। हालांकि, शनिचर के अतवार के यातायात व्यवस्था में बदलाव पहिले के तरह लागू रही। अब पार्किंग के व्यवस्था बनावल जाई। सब तरह के वाहन के महंत दिग्विजयनाथ पार्क में खड़ा करावल जाई। वाहन के प्रवेश तारामंडल क्षेत्र के मेन गेट से होई।

नौकायन केंद्र ले साप्ताहिक यातायात व्यवस्था में बदलाव से दिक्कत के मामला पुलिस अउर प्रशासनिक अफसरन तक पहुंचल रहे। बतावल जात रहल कि बदलाव से नौकायन केंद्र आए वाले पर्यटकन के संख्या 90 फीसदी कम हो गइल रहे। तारामंडल क्षेत्र के जनता भी परेशान रहलें। एह क्षेत्र में करीब एक हजार परिवार रहेने।

जिलाधिकारी कृष्णा करुणेश अउर एसएसपी डॉ गौरव ग्रोवर सोमार देर रात नौकायन केंद्र गइलें। पार्किंग के संगे वाहन के आवागमन के व्यवस्था देखलें। दुकानदार अउर लोग से बातचीत कsके लउट गइलें। देर रात पैडलेगंज से नौकायन केंद्र अउर तारामंडल क्षेत्र से नौकायन केंद्र हो के पैडलेगंज ले जाए के व्यवस्था बदल देहल गइल।

एसपी सिटी कृष्ण कुमार बिश्नोई कहलें कि सोमार से शुक्क़ ले दूनों ओर से गाड़ी आ-जा सकी। एहमें कौनो तरह के रोक नाइ रही। शनिचर अउर अतवार के यातायात पहिले के तरह बदललत रही। सात दिन बिहाने रामगढ़ ताल के किनारे के तरफ के सड़क बंद रही। ई व्यवस्था सुबह टहलने वाले लोग खातिर बनावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]