Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के बड़ खबर

736
  1. बिहार: वोटिंग से 6 दिन पहिले बिहार निकाय चुनाव प रोक; हाईकोर्ट कहलस- ईबीसी के 20% आरक्षित सीटन के जेनरल कइल जाव, नया नोटिफिकेशन ले आवे चुनाव आयोग। बिहार सरकार आ राज्य निर्वाचन आयोग पिछडन के आरक्षण के ममिला में SC के फसीला के पालन ना कइलस।
  2. बिहार: नगरीय निकाय चुनाव प हाईकोर्ट के फसीला प पार्टियन में भिड़ंत; जदयू बोलल- केंद्र सरकार के साजिश, बीजेपी के आरोप- सुप्रीम कोर्ट तक के ना सुनेले नीतीश। हाईकोर्ट नया नोटिफिकेशन जारी क के चुनाव करे के देले बा आदेस।
  3. उत्तर प्रदेश: गोरखनाथ मंदिर से निकलल सीएम योगी आदित्यनाथ के भव्य विजय शोभायात्रा, सड़कन प उतरल आस्था के सैलाब। गोरक्षपीठाधीश्वर आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ  के नृतेत्व में गोरखनाथ मंदिर से शोभायात्रा मंगर के साँझ करीब 4:30 बजे निकलल।
  4. उत्तर प्रदेश: उत्तर प्रदेश कांग्रेस कमेटी के नवनियुक्त अध्यक्ष बृजलाल खाबरी आठ के संभरिहे पदभार। संगही छव प्रांतीय अध्यक्ष 8 के आपन कार्यभार संभरिहे। लखनऊ के माल एवेन्यू में कांग्रेस के दफ्तर में उनकर कक्ष तइयार कइल जा रहल बा।
  5. झारखंड: 36वां राष्ट्रीय खेल- झारखंड के तीरंदाज गोल्डी मिश्रा जीतली गोल्ड, एथलीट सपना कुमारी के कांस्य पदक।
  6. अमित शाह के जम्मू-कश्मीर दौरा: राजौरी में बोलले- 70 साल तक तीन परिवार राज कइल, अब 30 हजार लोग के लगे शासन के अधिकार।
  7. जम्मू कश्मीर के डीजी जेल हेमंत लोहिया के हत्या के आरोपी नौकर गिरफ्तार: CCTV फुटेज में दिखल रहे यासिर, आतंकी गुट कहलस- हमनी के ऑपरेशन गृहमंत्री अमित शाह खातिर तोहफा। आतंकी संगठन PAFF लेले बा हत्या के जिम्मेदारी।
  8. उत्तरकाशी में एवलॉन्च, 11 लापता: पर्वतारोहण संस्थान के 29 ट्रेनी बर्फ में फंसल लो, 8 के रेस्क्यू कइल गइल, 10 के शव मिलल। उत्तराखंड के उत्तरकाशी में ई एवलॉन्च मंगर के द्रौपदी के डांडा नाव के जगह पs भइल।
  9. फिजिक्स के नोबल तीन वैज्ञानिकन के: एलेन आस्पेक्ट, जॉन क्लॉसर आ एटन जेलिंगर के नाव के ऐलान, क्वांटम इन्फॉर्मेशन साइंस प रिसर्च कइल लो।
  10. भारत Vs दक्षिण अफ्रीका: रोहित शर्मा टॉस जीतके गेंदबाजी चुनले, टीम इंडिया प्लेयिंग इलेवन में कइलस तीन बदलाव, श्रेयस, उमेश आ सिराज टीम में।
347500cookie-checkसाँझ के बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.