[the_ad_group id="30365"]

North Korea Japan Tension: उत्तरी कोरिया जापान के ऊपर से दगलस मिसाइल, किशिदा के अलर्ट, कुछ इलाकन में ट्रेन संचालन बंद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

North Korea and Japan Conflict: रूस आ यूक्रेन युद्ध जारी बा, चीन आ ताइवान के संकट खत्म नइखे भइल कि एह सबके बीच अब उत्तर कोरिया खाली जापाने ना बलुक समूचा दुनिया के टेंशन बढ़ा देले बा। असल  में, उत्तर कोरिया प्रशांत महासागर में जापान के ऊपर से बैलिस्टिक मिसाइल दगले बा। ई 10 दिन में ओकर पांचवां बैलिस्टिक मिसाइल टेस्ट हs। अइसन में अब मानल जा रहल बा कि ऊ अपना पहिला परमाणु हथियार के परीक्षण करे के तइयारी कर रहल बा। ओहिजा उत्तर कोरिया के एह हरकत के बाद जापान अपना लोगन खातिर अलर्ट जारी कइले बा।

सुरक्षित जगहन प जाये की सलाह

रिपोर्ट के मोताबिक, जापानी कोस्ट गार्ड आ दक्षिण कोरिया के ज्वाइंट चीफ्स ऑफ स्टाफ द्वारा खोजल गइल। मिसाइल के बाद से सरकार उत्तरी जापान में चेतावनी जारी करत लोगन के सुरक्षित जगह में शरण लेवे के सलाह देले बा। उत्तर-पूर्वी होक्काइडो आ आओमोरी क्षेत्रन में ट्रेन सेवा के अस्थायी रूप से निलंबित दिहल गइल बा।

जापान के पीएम कइले निंदा

योनहाप समाचार एजेंसी बतवलस कि जापानी प्रधानमंत्री फुमियो किशिदा उत्तर कोरिया के एह हरकत के निंदा कइले बाड़े, जबकि दक्षिण कोरियाई राष्ट्रपति यूं सुक-योल लॉन्च के बाद करारा जवाब के चेतावनी देले बाड़े। एकरा अलावे दुनो देश के नेता लोग अपना-अपना राष्ट्रीय सुरक्षा परिषदन के बैठको बोलवले बा लो।

चीन के सीमा की तरफ से दागल गइल मिसाइल

जापान के सार्वजनिक प्रसारक एनएचके कहलस कि मिसाइल लगभग 4,000 किमी (2,485 मील) खातिर उड़ान भरलस आ हवा में लगभग 22 मिनट के बाद प्रशांत महासागर में गिरे से पहिले 1,000 किमी (621 मील) के ऊंचाई तक पहुंचल। एकरा के चीन के साथे लागल सीमा से उत्तर से छोड़ल गइल रहे।

संयुक्त सैन्य अभ्यास से नाराज बा उत्तरी कोरिया

एह ममिला में दक्षिण कोरिया के सेना के कहनाम बा कि उ एगो संदिग्ध मध्यम दूरी के बैलिस्टिक मिसाइल के पता लगवले बा जवन आज सबेरे लगभग 7:23 बजे जगंग प्रांत के मुप्योंग-री क्षेत्र से लॉन्च कइल गइल आ पूर्वी दिशा में जापान के ऊपर से गुजरल। बता दीं कि उत्तरी कोरिया जापान, अमेरिका आ दक्षिण कोरिया के संयुक्त सैन्य अभ्यास के विरोध कइले रहे आ तभिये से उ मिसाइल टेस्ट तेज क देले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]