[the_ad_group id="30365"]

आजु सीएम योगी देखिहें हेमा मालिनी के महारास प्रस्तुति, मथुरा में होई भव्य कार्यक्रम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ दू दिवसीय दौरा पर आजु मथुरा आ रहल बाने। ऊ इहां भाजपा सांसद हेमा मालिनी के महारास अउर इस्कॉन के ओर से आयोजित कार्यक्रम में शामिल होइहें। मुख्यमंत्री के कार्यक्रम के लेके सुरक्षा के कड़ इंतजाम कइल गइल बा। कार्यक्रम क्षेत्र के पांच सुपर जोन, 14 जोन अउर 32 सेक्टर में बांट के सुरक्षा के खाका तैयार कइल गइल बा।

मुख्यमंत्री आगरा एयरपोर्ट से साँझ 5:05 बजे चल के मथुरा के वेटरनेरी यूनिवर्सिटी के हेलीपैड पर साँझ 5:25 बजे पहुंचिहें। साँझ 5:35 बजे से 6:55 बजे ले वेटरनेरी यूनिवर्सिटी गेस्ट हाउस में रहिहें। शाम सात बजे से रात आठ बजे ले जवाहर बाग में सांसद हेमा मालिनी द्वारा उत्तर प्रदेश ब्रज तीर्थ विकास परिषद के संगे आयोजित कार्यक्रम में प्रतिभाग करिहें।

कार्यक्रम के बाद मुख्यमंत्री रात्रि विश्राम वेटरनेरी यूनिवर्सिटी गेस्ट हाउस में करिहें। बुध के सुबह 9:40 बजे वेटरनेरी यूनिवर्सिटी गेस्ट हाउस से हेलीपैड पहुंचिहें। इहां से 9:45 बजे प्रस्थान करत हेलीकॉप्टर से आझई स्थित भक्ति वेदांत गुरुकुल इस्कॉन 9:55 बजे पहुंचिहें। इहां 11 बजे तक कार्यक्रम में शामिल होखले के बाद बिहाने 11:10 बजे आगरा खातिर प्रस्थान करिहें।

कृष्ण बलराम मंदिर अउर गो डेयरी प्लांट के करिहें शुभारंभ

भक्ति वेदांत गुरुकुल इस्कॉन अउर इंटरनेशनल स्कूल परिसर में स्थापित कृष्ण बलराम के नव स्थापित मंदिर अउर गो डेयरी प्लांट के शुभारंभ मुख्यमंत्री बुध के करिहें। परियोजना के निदेशक अउर आईआईटी मंडी (हिमाचल प्रदेश) के निदेशक डॉ. लीला पुरुषोत्तम बतवलें कि ई परिसर 100 एकड़ में फइलल बा। फिलहाल इहां गुरुकुल संचालित बा। भविष्य में इहां गुरुकुल पद्धति पs आधारित यूनिवर्सिटी के स्थापना होखे के बा। परिसर में ही कृष्ण बलराम के मंदिर स्थापित कइल गइल बा।

ब्रज क्षेत्र में गो संवर्द्धन खातिर गो डेयरी प्लांट के स्थापना कइल गइल बा। एह प्लांट के उद्देश्य किसान के घर में नौ लाख गो पालन अउर उनके दूध के उचित मूल्य पs ले के विभिन्न उत्पाद तैयार कइल गइल बा। इनके गाय के दूध से होखे वाले लाभ के साथ बिक्री खातिर आम लोग ले पहुंचावल जाई। एकर शुभारंभ करे खातिर मुख्यमंत्री बुध के इहां आ रहल बानें। करीब एक घंटा मुख्यमंत्री इहां रहिहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]