[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: राप्ती नदी में भी शुरू हो गइल बोटिंग, तस्वीरन में देखीं गोरखपुर वासियन के उछाह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर राप्ती नदी में बोटिंग।

मेयर सीताराम जायसवाल अतवार के उद्घाटन के मौका पर कहनें कि कब्बो केहू नाइ सोचले होई कि राप्ती नदी में बोटिंग के आनंद उठवले के सुविधा मिली। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ भी राप्ती नदी में बोटिंग के सुविधा उपलब्ध करावे के मंशा जतवले रहनें। निगम सदन में पार्षद संजय श्रीवास्तव भी प्रस्ताव रख के दूनों ही घाटन पर बोटिंग के सुविधा के मांग कइलें जेपर तत्काल ऊ स्वीकृति दे के नगर आयुक्त के अग्रिम कार्रवाई खातिर कहलें।

गोरखपुर राप्ती नदी में बोटिंग।

एह घाट के पर्यटन विकास पहिलही कइल जा चुकल बा। बोटिंग के शुरूआत भी हो गइल। जल्दिए इहां फूडकोर्ट अउर मनोरंजन के अन्य संसाधान भी जुटावल जाई। एकरे लोगन के मनोरंजन के संगे प्रत्यक्ष अउर अप्रत्यक्ष रोजगार के अवसर भी मिली। उप सभापति ऋषि मोहन वर्मा भी एके गोरखपुर के उपलब्धियन के एगो अउर कड़ी करार दिहलें। ऊ बोटिंग क्लब के संचालक के निर्देशित कइलें कि लोग के सुरक्षा के विशेष धेयान रखल जाई।
गोरखपुर राप्ती नदी में बोटिंग।

एह दौरान भाजपा महानगर अध्यक्ष राजेश गुप्ता, उमेश अग्रहरी, अजय श्रीवास्तव, सत्यार्थ मिश्रा, निखिल मोटानी, किराना कमेटी के अध्यक्ष उमेश मद्देशिया, गुरु गोरखनाथ आरती समिति के महामंत्री अभिषेक अग्रवाल, अनुराग मझवार अजय साहनी, अतुल वर्मा समेत काफी संख्या में लोग मौजूद रहल।
गोरखपुर राप्ती नदी में बोटिंग।

50 अउर 100 रुपया फीस

भोले वंदना प्राइवेट लिमिटेड के निदेशक अमर निषाद बतवलें कि अभिन दू मोटर बोट, एक स्पीड बोट अउर लइकन खातिर स्पीड बोट चलावल जाई। बोट के संख्या अउर बढ़ाई जाई। फिलहाल मोटर बोट के किराया 50 रुपया अउर स्पीड बोट के 100 रुपया लिहल जा रहल बा।

शुरू होई रोप-वे के सुविधा

नगर आयुक्त अविनाश कुमार सिंह के मंशा इहां रोप-वे के सुविधा भी उपलब्ध करावे के बा। ताकि इको टूरिज्म के तहत एके अउर विकसित कs के शहर के प्रमुख पर्यटक स्थल बनावल जा सके।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]