[the_ad_group id="30365"]

Tejashwi Yadav सोनपुर मेला के कइलें उद्घाटन, अबकी बेर पर्यटकन खातिर बा कइयन गो विशेष इंतजाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Tejashwi Yadav अतवार के साँझ विश्व प्रसिद्ध हरिहर क्षेत्र के सोनपुर मेला के उद्घाटन कइलें। एह दौरान सोनपुर मेला एप के लॉच कइल गइल। कार्यक्रम में राज्यसभा के उपसभापति हरिवंश, सांसद राजीव प्रताप रूढ़ी, मंत्री आलोक मेहता के अलावा कइयन गो विधायको मवजूद रहे लो। मेला के आयोजन 7 दिसंबर तक कइल जाई। कार्यक्रम के आयोजन बिहार पर्यटन विभाग के द्वारा बनावल गइल मुख्य सांस्कृतिक पंडाल में कइल गइल। एह अवसर प उपमुख्यमंत्री के साथे आउर अतिथियन के पुष्पगुच्छ, स्मृति चिन्ह आ शॉल देके सम्मानित कइल।

रात दस बजे तक होई सांस्कृतिक कार्यक्रम के आयोजन

विश्व प्रसिद्ध सोनपुर मेला के पूरा जानकारी खातिर तेजस्वी यादव एगो मोबाइल एप के उद्घाटन कइलें। सोनपुर मेला में कुल 2136 स्टाल लगावल गइल बा। एमे सब विभागन के उत्पाद के अलावा घरेलू उपयोग के सब सामान बाजार में उपलब्ध होई। संगही, पारंपरिक रुप से पशुअन के मेलो लागल बा। मेला में उद्घाटन सत्र के बाद रात दस बजे तक सांस्कृतिक कार्यक्रम के आयोजन कइल जाई। प्राची पल्लवी साहू आ ऋचा शर्मा के द्वारा कार्यक्रम पेश कइल जाई। एकरा आलावे रोज अगल-अलग कार्यक्रमन के आयोजन कइल जाई।

स्विज कॉटेज से लेके वॉटर गेम तक के होई बेवस्था

हरिहर क्षेत्र में आयोजित होखे वाला सोनपुर मेला में स्विज कॉटेज के संगे आउर कइयन तरे के गेमो के बेवस्था कइल गइल बा। मेला में पहिला बेर एडवेचर्स स्पोर्टस के आयोजन कइल जाई। एकरा खाति बिहार पर्यटन विभाग के द्वारा बकायदा पोस्टर जारी कइल गइल बा। जेमे हॉट एयर बलून से लेके ट्रैकिंग आ फायरिंगो शामिल बा। मेला में रात बितावे खातिर स्विज कॉटेज पर्यटक बिहार पर्यटन विभाग के वेबसाइट से बुक कर सकत बानीं। एकरा संगही, हर दिन खातिर विभाग के द्वारा रेट निश्चित कइल गइल बा। एसे पर्यटकन के कवनो तरे के परेसानी के सामना ना करे के पड़ी। मेला में सुरक्षा बेवस्थो के खास इंतजाम बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]