[the_ad_group id="30365"]

रेखा पांडेय’ बनली ‘मिसेज क्वीन’ आफ वेस्ट यूपी, देव फाउंडेशन के सदस्य लोग दिहल बधाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बस्ती। स्काई फाउंडेषन के ओर से आयोजित मिस आ मिसेज न्यू दिल्ली प्रतियोगिता में रेखा पांडेय मिसेज क्वीन आफ वेस्ट यूपी के खिताब जीतली।

बुद्ध विहार पार्ट सी के रहे वाली रेखा पांडेय साल 2013 में सोनी टीवी के ओर से आयोजित किचेन खिलाड़ी में विजेता बन चुकल बाड़ी। ऊ बतवली कि ई खिताब पूर्वांचल के गौरव बढ़ावे वाला बा। ऊ कहली कि सामाजिक संस्थन के संगे मिलके समाज में महिला लोगन के आत्मनिर्भर बनावे खातिर हमेषा तत्पर रहिंहे।

एह सिलसिला देव फाउंडेषन संस्था के चेयरमैन रामजी पांडेय बतवलें कि रेखा पांडेय देव फाउंडेशन के सदस्य हई। जब इ सूचना हमनी के मिलल तs बहुत खुसी भइल। ओहिजा एह अपार सफलता के बाद देव फाउंडेशन के सदस्य लक्ष्मी अरोरा, शैल त्रिपाठी, ऋषिपाल, चंदन सिंह, त्रयंबक दूबे, गोलू, गौरव उपाध्याय सहित जनपद के रहनिहार लोग मुख्य रूप से बधाई दिहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]