[the_ad_group id="30365"]

महाराष्ट्र: 30 फीट गहिराह खाई में गिरल भाजपा विधायक जयकुमार गोरे के कार, गंभीर हालत में करावल गइल अस्पताल में भर्ती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराष्ट्र के सतारा जिला के पुणे-पंढरपुर मार्ग पs सुक्क के रात मालथन के लग्गे भाजपा विधायक जयकुमार गोरे के कार 30 फीट गहिराह खाई में गिर गइल। एह दुर्घटना में विधायक के पसली टूट गइल बा अउर उनके संगे मौजूद ड्राइवर अउर दू गार्ड के गंभीर चोट आइल बा।

घाही विधायक के पुणे के रूबी अस्पताल में इलाज चल रहल बा। हादसा में जे गंभीर रूप से घाही भइल बानें लोग उनके बारामती रेफर कs दिहल गई। हादसा सनीचर के बिहाने साढ़े तीन बजे भइल जब संतुलन हटले के बाद उनकर SUV कार खाई में जा गिरल।

लागल रहे कार चलावत ड्राइवर

अभीन तक मिलल जानकारी के अनुसार, हादसा सनीचर के यानि आजु सुबह साढ़े तीन बजे भइल। बतावल जा रहल बा कि कार के ड्राइवर के अचानक झपकी लाग गइल जेसे कार असंतुलित हो के पुल के रेलिंग तोड़ के 30 फीट नीचे गहिराह खाई में जा गिरल। हालांकि, पुलिस पूरे मामिला के जांच में जुटल बिया।

पुणे से अपने गांव दहीवाड़ी जात रहनें विधायक

जानकारी के मुताबिक, सनीचर के सुबह पुणे-पंढरपुर रोड पs मालथन स्थित श्मशान घाट के लग्गे ई भीषण हादसा भइल बा। विधायक जयकुमार गोरे पुणे से अपने गांव दहीवाड़ी जात रहनें। तब्बे ड्राइवर के लापरवाही से गोरे के फॉर्च्यूनर एसयूवी पुल से 30 फीट नीचे खाई में गिर गइल। एह दुर्घटना में विधायक समेत गार्ड अउर ड्राइवर तीनों घाही हो गइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]