[the_ad_group id="30365"]

पुरी जगन्नाथ मंदिर में भगदड़ जइसन हालात, छह छात्रा लोग भइल घाही, अस्पताल में करावल गइल भर्ती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ओडिशा के पुरी जगन्नाथ मंदिर में सोमार के साँझ के भगदड़ जइसन हालत बन गइल। एह घटना में 6 छात्रा लोग घाही हो गइली। अधिकारियन के कहनाम बा कि सब घायलन के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा, उनकर हालत स्थिर बा।

एगो पुलिस अधिकारी बतवलें, मयूरभंज जिला के रासगोविंदपुर के हृदानंदा हाई स्कूल के करीब 70 छात्र-छात्रा लोग सोमार के क्रिसमस के छुट्टियन में पिकनिक मनावे पुरी आइल रहनें लोग।

दिन भर छात्र लोग समुद्र तट पर रहलें अउर साँझ के ऊ मंदिर में दर्शन करे गइलें। रात करीब आठ बजे मंदिर के 22 सीढ़ी चढ़ले के दौरान अचानक से भगदड़ जइसन स्थिति उत्पन्न हो गइल, जेकर चपेट में लड़की आ गइलीं लोग अउर बेहोश हो के उहवें गिर गइली। जेकरे बाद सुरक्षाकर्मी लोग उनके बचा के अस्पताल में भर्ती करावल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]