[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में खजनी दरोगा सहित तीन पुलिसवाले निलंबित, छज्जा के विवाद में भइल रहे मारपीट, चलल रहे गोली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिले के खजनी गोलीकांड में रोगा बांके यादव, कांस्टेबल सूरज यादव अउरी मनोज यादव के निलंबित क देहल गइल। उहें उनपर विभागीय जांचो होई। ईहां खजनी थाना से 500 मीटर दूर मऊधर मंगल गांव में रविवार सुबह मकान के छज्जा निकलववले के विवाद में गोली चल गइल रहे। आरोप बा कि दू पक्ष में विवाद के बीच लखनऊ में तैनात सिपाही प्रमोद यादव पिस्टल से दू लोग के गोली मार देहले रहने।

थाना पs कई बेर देहल गइल रहे प्रार्थना पत्र

खजनी थाने में दूनों पक्ष कई बेर प्रार्थना पत्र भी देहलें रहल, लेकिन पुलिस कौनो कार्रवाई नाइ कइलस। पुलिस न त राजस्व टीम के मदद से मामला सुलझवले के कोशिश कइलस अउरी न ही बवाल होखले के बाद मौके पर पहुंचलि।

अस्पताल में भी आमने-सामने हो गइल रहने दूनों पक्ष

गोली अउरी मारपीट में घायल, स्वास्थ्य केंद्र पहुंचले त एक बेर फिर दूनों पक्ष के लोग आमने-सामने हो गइल। एह बेर गनीमत रहल कि पुलिस सक्रिय हो गईल अउरी इहां पर बड़ घटना टल गइल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]