[the_ad_group id="30365"]

मुख्तार अंसारी के बेटा अब्बास के तलाश में कई जगह छापेमारी, गैर जमानती वारंट हो चुकल बा जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

माफिया अउरी मऊ सदर के पूर्व विधायक मुख्तार अंसारी के बेटे अब्बास अंसारी के तलाश में लखनऊ कमिश्नरेट के पुलिस पांच ठिकाना पर दबिश देहल लेकिन आरोपी अब्बास हाथ नाइ लागल। ओकरे खिलाफ कोर्ट गिरफ्तारी वारंट जारी कइलें बा। अब्बास मऊ सदर सीट से सुभासपा से विधायक बानें। पुलिस कमिश्नर डीके ठाकुर के मुताबिक पुलिस टीम लखनऊ में मेट्रो सिटी महानगर अउरी न्यू विधायक आवास हजरतगंज, मऊ, गाजीपुर और दिल्ली में ओनकरे ठिकानो पर दबिश देहल गइल लेकिन ऊ फरार बा।
पुलिस के मुताबिक मुख्तार अंसारी के विधायक बेटे अब्बास अंसारी के खिलाफ 2019 में महानगर थाने में जालसाजी के मुकदमा दर्ज कइल गइल रहे। आरोप रहल कि एगो लाइसेंस पर कई हथियार खरीदल।गइल रहल। इस मामला के सुनवाई एमपी एमएलए कोर्ट के विशेष एसीजेएम अम्बरीष श्रीवास्तव के कोर्ट में चलत रहल। कोर्ट गिरफ्तारी वारंट जारी कइलें बा। कोर्ट थाना महानगर के आदेश देहलस कि उ आरोपी अब्बास अंसारी के 27 जुलाई ले गिरफ्तार करके कोर्ट के सूचित करे।

कोर्ट ई आदेश 15 जुलाई के देहलस। इंस्पेक्टर महानगर कोर्ट में रिपोर्ट देके बतवले कि अब्बास के खिलाफ जमानती वारंट जारी बा। जेकर अनुपालन करावे खातिर आरोपी के सब ज्ञात अउरी संभावित जगह पर तलाशे गइले लेकिन आरोपी चाहे ओकरे परिवार के कौनो सदस्य नाइ मिलल लिहाजा नोटिस चस्पा कर देहल गइल बा। कोर्ट से गुजारिश कइल गइल बा कि आरोपी के खिलाफ गिरफ्तारी वारंट जारी कइल जाए।

महानगर थानाप्रभारी अशोक कुमार सिंह 12 अक्टूबर 2019 के रिपोर्ट दर्ज करावल गइल रहे कि मेट्रो सिटी निवासी अब्बास अंसारी 2012 में डीबीडीएल गन के लाइसेंस लेहले रहल। बाद में अब्बास आपन शस्त्र लाइसेंस दिल्ली के पते पर स्थानांतरित करवा लेहले रहल।

कहल गइल कि अब्बास खुद के विख्यात निशानेबाज दिखाके दिल्ली वाले शस्त्र लाइसेंस पर कई शस्त्र खरीद लेहलस। रिपोर्ट में कहल गइल कि आरोपी लखनऊ पुलिस के बिना जानकारी दिहलें अउरी अनुमति लेहले धोखाधड़ी कs के लाइसेंस के दिल्ली स्थानांतरित करववलस अउरी ओह पर कई हथियार ले लिहलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]